मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बहनोई के निधन, गाजियाबाद के यशोदा अस्पताल में भइल रहे भर्ती

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2023

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बहनोई राजेंद्र सिंह चौधरी (67) के बुध देर रात निधन हो गइल। सबेरे उनका शव के अंतिम संस्कार खातिर दिल्ली इस्थित निगम बोध घाट ले जाइल गइल बा।

Share

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बहनोई राजेंद्र सिंह चौधरी (67) के बुध देर रात निधन हो गइल। सबेरे उनका शव के अंतिम संस्कार खातिर दिल्ली इस्थित निगम बोध घाट ले जाइल गइल बा। राजेंद्र सिंह चौधरी राजनगर एक्सटेंशन के घरौंदा एमजीआई सोसायटी में परिवार के संगे रहत रहलें।

वेंटिलेटर पs चिकित्सकन के निगरानी में रहलें 

ब्रेन स्टोक होखला पs एक जनवरी 2023 के सबेर 8:30 बजे उनका के उपचार खातिर कौशांबी इस्थित यशोदा अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे। अस्पताल के पीआरओ राहुल साहनी बतवलें कि न्यूरो फिजिशियन डा. सुमंतो चटर्जी आ फिजिशियन डा. अंशुमन त्यागी, कार्डियोलोजिस्ट डा. धीरेंद्र सिघानिया के निगरानी में उनकर उपचार कइल गइल। बुध के साँझ 5:30 बजे ब्रेन डेड होखला पs उनका के अस्पताल से घर भेज दिहल गइल बा, ऊ घर में वेंटिलेटर पs चिकित्सकन के निगरानी में रहे।

रात 1:50 बजे उनकर निधन हो गइल। सूचना पs जिलाधिकारी राकेश कुमार सिंह, बुलंदशहर के जिलाधिकारी सीपी सिंह, यमुना प्राधिकरण के ओएसडी शैलेंद्र कुमार सिंह, एसडीएम सदर विनय कुमार सिंह, यशोदा अस्पताल कौशांबी के चेयरमैन डा. पीएन आरोडा, डा. सुनील डागर, राहुल साहनी सहित आउर लोग उनका शव के अंतिम संस्कार खातिर निगम बोध घाट ले गइल।  जहां दुपहरिया के उनकर अंतिम संस्कार कइल गइल।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मुंबई में होखला के कारण निगम बोध घाट ना पहुंच सकलें, ऊ जल्दिये राजनगर एक्सटेंशन इस्थित बहिन के आवास पs संवेदना व्यक्त करे आ सकत बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.