[the_ad_group id="30365"]

गाजियाबाद से बड़ खबर, अपराधी के पकड़े गईल नोएडा पुलिस पs फायरिंग, एगो पुलिसकर्मी के गोली लगले से मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के गाजियाबाद से एगो बड़ खबर सामने आइल बा. इहाँ काल्ह देर रात एगो अपराधी के गिरफ्तार करे गईल नोएडा पुलिस पs पत्थरबाजी अवुरी गोलीबारी भईल। एह फायरिंग में नोएडा पुलिस के एगो सिपाही के गोली लगला के बाद मउत हो गइल. 

मामला मसूरी थाना क्षेत्र के नहल गांव के ह। नोएडा पुलिस देर रात इहाँ कादिर नाम के एगो अपराधी के गिरफ्तार करे गईल रहे। एs दौरान पथराव भईल अवुरी पुलिस पs गोलीबारी भईल, जवना में एगो पुलिसकर्मी के मउत हो गईल।

पुलिस के बयान सामने आ गईल

एs मामला में डीसीपी ग्रामीण सुरेंद्र नाथ तिवारी के बयान सोझा आईल बा। उs कहले कि, ’25 मई के थाना मसूरी के सूचना मिलल कि थाना मसूरी के गांव नहल में गौतम बुद्ध नगर के एगो सिपाही सौरभ के गोली मारल गईल। उनुका टीम के ओर से उनुका के यशोदा अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले।’

उs कहले कि पुलिस टीम एगो वांछित आरोपी कादिर के गिरफ्तार करे आईल रहे। कादिर नहल के निवासी रहले। एs घटना में थाना फेज-3 गौतम बुध नगर के उपनिरीक्षक सचिन के ओर से शिकायत दर्ज करावल गईल बा। शिकायत के आधार पs मसूरी थाना में उचित धारा के तहत मामला दर्ज करावल गईल बा। अउरी कानूनी कार्रवाई कईल जाता।

ध्यान देवे वाला बात बा कि नोएडा पुलिस अपराधी के खिलाफ लगातार कार्रवाई करेले अवुरी अपराधी से मुठभेड़ के खबर अक्सर सोझा आवेले। बाकिर गाजियाबाद में अपराधियन के हिम्मत अतना बढ़ गइल बा कि पुलिस वाला के मार दीहें, ई गंभीर बात बा. एह मामला में अयीसन कार्रवाई होखे के चाही कि एs बेलगाम अपराधी पs लगाम लगावल जा सके, एs मामला के सोझा अईला के बाद सवाल भी उठे लागल बा कि का गाजियाबाद के अपराधी में कानून के डर खतम हो गईल बा?

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]