Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जर्मनी के मंत्री के मन मोहलस भारत के UPI, मरिचा किने खातीर कइले ऑनलाइन पेमेंट; दूतावास शेयर कइलस Video

अतवार के दिने भारत में भुगतान खातिर यूपीआई के इस्तेमाल करे के कहले बाड़न। भारत में जर्मनी के दूतावास सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (ट्विटर) पs एगो वीडियो शेयर क के एकर सराहना कईले बा।

383

 

जर्मनी के डिजिटल आ परिवहन के संघीय मंत्री वोल्कर विसिंग भारत में भुगतान खातिर यूपीआई के इस्तेमाल कइले। भारत में जर्मनी के दूतावास एगो वीडियो शेयर क के एकर सराहना कइले बा। दूतावास कहलस कि यूपीआई के माध्यम से खरीददारी कईला के बाद मंत्री बहुत प्रभावित भईले। वीडियो में मंत्री के सब्जी के दोकान पs मरिचा खरीदत देखल जा सकता।

जर्मनी के डिजिटल आ परिवहन के संघीय मंत्री वोल्कर विसिंग अतवार के दिने भारत में भुगतान खातिर यूपीआई के इस्तेमाल करे के कहले बाड़न। भारत में जर्मनी के दूतावास सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (ट्विटर) पs एगो वीडियो शेयर क के एकर सराहना कईले बा। दूतावास अपना पोस्ट में कहलस कि मंत्री यूपीआई के माध्यम से खरीददारी कईला के बाद प्रभावित भईले।

 

जर्मन दूतावास एह वीडियो के शेयर कइलस

जर्मनी के मंत्री यूपीआई से मरिचा खरीदले

दूतावास के ओर से जारी एगो वीडियो में जर्मनी के मंत्री वोल्कर विसिंग एगो सब्जी के दोकान से मरिचा खरीदत देखाई देतारे। एकरा दौरान उनुका के दोकान पs भुगतान करे खातीर यूनिफाइड पेमेंट्स इंटरफेस यानी यूपीआई के इस्तेमाल करत देखल जा सकता।

 

कई देशन में यूपीआई के इस्तेमाल होला

मालूम बा कि भारतीय राष्ट्रीय भुगतान निगम (एनपीसीआई) के ओर से साल 2016 में विकसित इ यूपीआई भारत में आधा से जादा डिजिटल लेनदेन के हिस्सा बा। अबतक ले श्रीलंका, फ्रांस, यूएई आ सिंगापुर समेत कई देशन में यूपीआई शुरू हो चुकल बा।

यूपीआई का होला?

मालूम बा कि यूनिफाइड पेमेंट्स इंटरफेस यानी यूपीआई आईएमपीएस अवुरी एनईएफटी के एडवांस वर्जन ह, जवन कि बैंक आधारित सिस्टम ह। एकरा से ग्राहक अपना स्मार्टफोन से तुरंत रियल टाइम भुगतान क सकेले। स्मार्टफोन के इस्तेमाल करे वाला केहु आसानी से एकर इस्तेमाल क सकता। एकरा खातिर उपयोगकर्ता के मोबाइल भुगतान एप्लीकेशन अवुरी भुगतानकर्ता के वर्चुअल पता के जरूरत बा। यूपीआई के मदद से एक बैंक खाता से दूसरा खाता में पईसा के तुरंत अवुरी मुफ्त में ट्रांसफर कईल जा सकता।

 

 

 

 

 

 

 

 

628880cookie-checkजर्मनी के मंत्री के मन मोहलस भारत के UPI, मरिचा किने खातीर कइले ऑनलाइन पेमेंट; दूतावास शेयर कइलस Video

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.