[the_ad_group id="30365"]

Gaya Accident: गया में पुल से नीचे जा गिरल कार, पति बांचल बाकिर पत्नी के जरके दर्दनाक मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गया: जिला (Gaya Accident) के कुर्था-टिकारी मार्ग पs कैलाश मठ गांव के लगे दुर्घटना में कार सवार महिला जिंदा जल (Burning Car) गइल। मृतका टिकारी के मऊ गांव के राम कुमार के पत्नी संगीता देवी के रूप में पहचान भइल बा।

घटनास्थल के लगे मवजूद लोग बतावल कि कार टिकारी से मऊ के ओर जात रहे। एही दौरान कैलाश मठ के लगे हाईवे पs बनल पुलिया से कार नीचे लुढ़क गइल आ करीब दस फीट गहराई में जा गिरल। एसे नीचे गिरते कार में आग लग गइल। कार धू-धू कs के जरे लागल आ ओमे सवार राम कुमार कवनो तरे बाहर निकल गइलें। बाकिर पत्नी के कार से बाहर ना निकाल सकलें। पत्नी के कार में जरे से मौत हो गइल।

दुर्घटना के सूचना के बाद टिकारी से दमकल के गाड़ी पहुंचल आ आग पs काबू पावल गइल। टिकारी थानाध्यक्ष श्रीराम चौधरी घटना के पुष्टि कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]