[the_ad_group id="30365"]

गौतम गंभीर के राजनीति छोड़े के पेशकश: भाजपा अध्यक्ष से कहलें- क्रिकेट पs फोकस कइल चाहत बानी; अभी ईस्ट दिल्ली से सांसद बाड़ें 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली ईस्ट से भाजपा सांसद गौतम गंभीर राजनीतिक जिम्मेदारियन के छोड़े के चाहत बाड़ें। गंभीर सनीचर के अपना सोशल मीडिया हैंडल पs एकर जानकारी देलें। गंभीर भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ गृह मंत्री अमित शाह के टैग कइले बाड़ें। ऊ जेपी नड्डा से रिक्वेस्ट कइलें कि उनका के राजनीतिक जिम्मेदारियन से मुक्त कs दिहल जाव।

गंभीर राजनीतिक जिम्मेदारियन के छोड़े के वजहो बतवले। लिखलें- अब ऊ आपन क्रिकेट से जुड़ल कमिटमेंट्स पूरा कइल चाहत बाड़े। गंभीर देस सेवा के मवका देवे खातिर पीएम मोदी आ अमित शाह के आभारो जतवलें।

मार्च 2019 भाजपा में सामिल भइल रहलें गंभीर

गौतम गंभीर 22 मार्च 2019 के भारतीय जनता पार्टी में सामिल भइल रहस। भाजपा उनका के दु महीना बादे 2019 लोकसभा चुनाव में ईस्ट दिल्ली सीट से उम्मीदवार बनवलस। गंभीर 6 लाख 95 हजार 109 वोट से आम आदमी पार्टी (AAP) के प्रत्याशी आतिशी आ कांग्रेस के अरविंदर सिंह लवली के हरवले रहस। गंभीर के महेश गिरी के जगह टिकट दिहल गइल रहे।

गौतम गंभीर के ट्वीट
गौतम गंभीर के ट्वीट

 

वर्ल्ड कप जीते वाली भारतीय टीम के हिस्सा रहस 

गंभीर 2003 से 2016 तक इंटरनेशनल क्रिकेट खेललें। ऊ 2007 के टी-20 वर्ल्ड कप आ 2011 के वनडे वर्ल्ड कप जीते वाली भारतीय टीम के हिस्सा रहस। ऊ 2019 में ईस्ट दिल्ली से भाजपा के टिकट पs लोकसभा चुनाव जीतल रहस। 2008 में अर्जुन पुरस्कार आ 2019 में उनका के पद्मश्री से सम्मानित कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]