[the_ad_group id="30365"]

गैंगस्टर जीवा के पत्नी के लागल SC से झटका, UP सरकार बोलल- अंतिम संस्कार में सामिल होखती तs ना करती गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ के एगो अदालत में गोलीबारी के दौरान मारल गइल गैंगस्टर संजीव माहेश्वरी जीवा के बीतल दिन अंतिम संस्कार कs दिहल गइल बा। गैंगस्टर जीवा के अंतिम सरकार में उनकर पत्नी पायल सामिल ना भइली। ई जानकारी उत्तर प्रदेश सरकार सुप्रीम कोर्ट के देले बिया।

सुप्रीम कोर्ट से पायल के झटका

ओने, जीवा के पत्नी के वकील जीवा के तेरहवीं तक पायल के गिरफ्तारी से राहत मंगले रहे। एहपर SC कइयन आदेस देवे से मना कs देले बा।

यूपी सरकार बोलल- पायल के ना कइल जाइत गिरफ्तार

सुप्रीम कोर्ट के जवाब देत यूपी सरकार कहलस कि गैंगस्टर संजीव जीवा के बिहान अंतिम संस्कार कs दिहल गइल बा। सरकार बतवलस कि परिवार के सूचना दे दिहल गइल रहे कि ओकरा पत्नी के गिरफ्तार ना कइल जाई। एकरा बादो ऊ उहां मवजूद ना रहे। गैंगस्टर के बेटा जीवा के अंतिम संस्कार कइलस।

जीवा के शूटर के मिलल रहे पईसा

जीवा हत्याकांड के जांच कर रहल पुलिस के कइयन गो बड़ जानकारी मिलला के बात सामने आइल बा। जानकारी के मोताबिक, हत्यारा विजय यादव के जीवा के मारे खातिर 20 लाख रुपिया देवे के लालच दिहल गइल रहे। हालांकि, पुलिस अभी ई साफ नइखे कइले कि जीवा के हत्या खातिर विजय से के संपर्क कइले रहे।

हत्या से पहिलही मोबाइल कइलस फॉर्मेट 

यूपी पुलिस के मोताबिक, हत्यारा विजय जीवा के मारे से आधा घंटा पहिलही आपन मोबाइल फॉर्मेट कs देले रहे। जानकारी के अनुसार, विजय पहिलहू वाट्सएप कॉलिंग से अपना साथियन से बातचीत करत रहे।

भरल अदालत में जीवा के मरले रहे गोली

बता दीं कि आरोपी विजय जीवा के लखनऊ के एगो अदालत में दिनदहाड़े गोली मरले रहे। गोली मरला के बाद ऊ कोर्ट रूम में जाके छिप गइल रहे, जवना के बाद में पुलिस दबोच लेलस। पुलिस अब एह हत्या के तह तक जाये के कोसिस कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]