Ganga Dussehra : गंगा दशहरा पs काशी के घाटन पs गूंजल हर-हर महादेव, श्रद्धालु लोग लगावल पुण्य के डुबकी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2024

गंगा दशहरा पs अतवार के काशी के पवित्र गंगा के घाटन पs श्रद्धालु लोग डुबकी लगावल। एह दौरान सब घाटन पs आस्था के नजारा देखे के मिलल। खाली काशी ना बलुक आसपास के जिलन से

Share

गंगा दशहरा पs अतवार के काशी के पवित्र गंगा के घाटन पs श्रद्धालु लोग डुबकी लगावल। एह दौरान सब घाटन पs आस्था के नजारा देखे के मिलल। खाली काशी ना बलुक आसपास के जिलन से गंगा स्नान आ दान करे खातिर श्रद्धालुअन के भीड़ गंगा किनारे उमड़ल रहल। भोरही से मंदिरन में घंट घड़ियाल के ध्वनि के बीच घाटन पs हर-हर गंगे… गूंजे लागल। आस्था में लोग गंगा में पुण्य के डुबकी लगावल। एकरा बाद यथासंभव दान कइल गइल।

गंगा दशहरा पs दशाश्वमेध घाट, अस्सी घाट, तुलसीघाट, राजेंद्र प्रसाद घाट सहित आउर घाटन के रंग-बिरंग फूलन से सजावल गइल बा। दूर-दूर से काशी पहुंचल श्रद्धालु लोग एह दौरान आस्था के डुबकी लगावल। एकरा बाद काशी विश्वनाथ धाम, संकट मोचन, दुर्गाकुंड सहित आउर मंदिरन में दर्शन पूजन कइल लो।

मान्यता बा कि गंगा दशहरा पs गंगा में स्नान कs के दान पुण्य करे से पापन से मुक्ति आ मोक्ष मिलेला। ओने गंगा में नहाए वालन के भीड़ के देखत घाटन पs पुलिस के जवान तैनात बा लो।

गंगा दशहरा पर नहाए वाला लोगन के भीड़ के देखत बीच गंगा नाव पs जल पुलिस आ एनडीआरएफ के जवान पेट्रोलिंग कs रहल बा आ लोगन से गहिराह पानी में ना जाये के अपीलो कs रहल बा लो।

मोक्षदायिनी के घाटन पs बड़ संख्या में लोगन के भीड़ जुटल बा। लोग सवेरे से ही स्नान के लिए घाटों पर पहुंचे हैं। अभी सिलसिला जारी है। गंगा दशहरा के मौके पर प्रयागराज, अयोध्या और हरिद्वार के गंगा घाटों पर भी भारी भीड़ है।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.