[the_ad_group id="30365"]

Ganesh Chaturthi 2023: सिक्का आ 500 तक के नोट से बनल गणेश प्रतिमा आ पंडाल, 1 करोड़ के आइल खर्चा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

19 सितंबर के देश भर में गणेश उत्सव के परब धूमधाम से मनावल जाई। बाजार के रौनक बड़ गइल बा। महाराष्ट्र में गणेश चतुर्थी के परब अधिकतम धूमधाम से मनावल जाला। लेकिन बाकी राज्य भी ए कतार में शामिल होखे लागल बाटे। असल में कर्नाटक के राजधानी बेंगलुरु में गजब के गणेश उत्सव देखल जा रहल बा। इहाँ गणेश उत्सव के देखत एगो मंदिर में अनोखा सजावट कईल गईल बा। एकरा अलावे गणेश मूर्ति के भी अनोखा तरीका से तैयार कईल गईल बा। बेंगलुरु के जेपी नगर इलाका में स्थित एगो गणपति मंदिर के 65 लाख रुपया के मुद्रा नोट अवुरी सिक्का से सजावल गईल बा।

सिक्का से बनले गणपति महाराज

मामला श्री सत्य साईं गणपति मंदिर के बा जवन बेंगलुरु के जेपी नगर इलाका में स्थित बा। एह महँग आ अनोखा सजावट पs मंदिर प्रबंधन के कहना बा कि मंदिर के देवाल आ गणेश मूर्ति के चारो ओर 65 लाख रुपिया के सिक्का लगावल गइल बा। जबकि गर्भगृह आ परिक्रमा मार्ग के छत से 10, 20, 50, 100, 500 रुपिया के नोट से झूमर अवुरी झालर बनावल गईल बा। ए संबंध में मंदिर प्रबंधन के कहनाम बा कि ए सजावट में एक करोड़ से जादे के नोट के इस्तेमाल भईल बा। भक्तन से प्रसाद के रूप में मिलल एह पइसा के इस्तेमाल प्रसाद के सजावे में कइल गइल बा।

नोट से बनल मंदिर के पंडाल

बता दीं कि पिछला कुछ साल से मंदिर प्रबंधन गणेश उत्सव के दौरान मंदिर के सजावे खातिर फूल, मकई के दाना अवुरी कच्चा केला जईसन ईको फ्रेंडल सामान के इस्तेमाल करत आइल बा लोग। गणेश चतुर्थी के परब हिन्दू पंचांग के अनुसार भाद्रपद महीना में पड़ेला। इहे शिव पार्वती के पुत्र गणेश के जन्म के क्षण ह। एह दिन गणेश पूजा के आयोजन होला। गणेश चतुर्थी के दिन लोग अपना घर आ मंदिर में माटी आ पीओपी से बनल भगवान गणेश के मूर्ति के स्थापना करेला। ई परब अनंत चतुर्दशी के दिन, परब शुरू भइला के 11 दिन बाद खतम हो जाला। एह दिन भगवान गणेश के मूर्ति के कवनो नदी, नहर भा कवनो साफ आ स्वच्छ जलाशय में डूबा दिहल जाला।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]