[the_ad_group id="30365"]

Gandhi Jayanti 2024: महात्मा गांधी के 7 गो अइसन आंदोलन, जवन उखाड़ देले रहे अंग्रेजन के पैर

महात्मा गांधी के 155वां जयंती:फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महात्मा गांधी के 155वां जयंती आज पूरा भारत में यानी 2 अक्टूबर 2024 के मनावल जा रहल बा। हमनी के देश 15 अगस्त 1947 के आजाद भईल बाकिर एह आजादी के फल ओसही ना मिलल| दशकों के कड़ा तपस्या के बाद देश के इs आजादी मिलल। एही दिन हमनी के देश अपना गुलामी के बेड़ी तूड़ दिहलस। हालांकि एह आजादी में बहुत लोग के अहम भूमिका रहे, बाकिर हमनी के राष्ट्र के जनक महात्मा गांधी के बात कुछ अलगे रहे। हमनी के राष्ट्र पिता के अहिंसक सोच पूरा दुनिया में व्याप्त बा अवुरी पूरा दुनिया में एs रास्ता के सम्मान बा। हमनी के देश के आजाद करावे खातिर उs कई गो आंदोलन के नेतृत्व कईले। आज महात्मा गांधी जी के 155वां जयंती पs हमनी के उहाँ के सात गो आंदोलन के बारे में बताइब जा जवना से अंग्रेजन के एह देश से उखाड़ फेंकल गईल, जवना के चलते अंग्रेज हमनी के देश छोड़े के मजबूर हो गईले।

महात्मा गांधी के आंदोलन

नीचे दिहल सूची के माध्यम से रउआ महात्मा गांधी के ओह सात गो आंदोलन से अवगत होखब जवना के चलते अंग्रेज हमनी के देश से भागे के मजबूर हो गईले। आई ओह सात गो आन्दोलन के नाम जानल जाव-

 

•चंपारण सत्याग्रह (Champaran Satyagraha)

•खेड़ा आंदोलन (Kheda Movement)

•रॉलेट ऐक्ट के विरोध (Protest Against The Rowlatt Act)

•असहयोग आंदोलन (Non-cooperation movement)

•नमक सत्याग्रह (Salt Satyagraha)

•दलित आंदोलन (Dalit Movement)

•भारत छोड़ो आंदोलन (Quit India Movement)

उपर के क्विट इंडिया मूवमेंट आन्दोलन के जनता पs अतना असर पड़ल कि पूरा देश ‘भारत छोड़ो आन्दोलन’ अभियान में शामिल हो गइल. रउरा सभे के जानकारी खातिर बता दीं कि एही आन्दोलन के दौरान महात्मा गांधी ‘’करो या मरो’ के नारा देले रहले. एह नारा के जनता पs अतना असर पड़ल कि अंग्रेज परेशान हो गइले आ हमनी के देश से भाग जाए के पड़ल.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]