[the_ad_group id="30365"]

Gandhi Jayanti 2024: पीएम मोदी महात्मा गांधी के कइले नमन, राजघाट पs श्रद्धांजलि कइले अर्पित

पीएम मोदी: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देश भर में राष्ट्रपति महात्मा गांधी के जयंती मनावल जा रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राजघाट में महात्मा गांधी के भी श्रद्धांजलि दिहलें। पीएम मोदी सोशल मीडिया पs पोस्ट कईले आ कहले कि, “आदरणीय बापू के जयंती पs सभ देशवासी के ओर से हमनी के श्रद्धांजलि देतानी। उनुकर जीवन अवुरी सच्चाई, सौहार्द अवुरी समानता पs आधारित आदर्श हमेशा देशवासी खातीर प्रेरणा बनल रही।”

सर्व धर्म प्रार्थना सभा

एह मौका पs उहाँ सर्व धर्म प्रार्थना सभा के आयोजन भी भईल, जवना में केंद्रीय मंत्री समेत भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ नेता भी मौजूद रहले। महात्मा गांधी के जनम 2 अक्टूबर 1869 के गुजरात के पोरबंदर में भइल रहे। इनके जन्मदिन के गांधी जयंती के रूप में मनावल जाला आ साथ ही साथ अंतर्राष्ट्रीय अहिंसा दिवस भी मनावल जाला। भारत के अंग्रेज शासन से मुक्त करावे के लड़ाई के नेतृत्व उहे कइले। अहिंसक विरोध के उहाँ के सिखावल सबक आजुओ पूरा दुनिया में सम्मान के साथ याद कइल जाला।

लाल बहादुर शास्त्री जी के श्रद्धांजलि

पीएम मोदी भारत के दूसरका प्रधानमंत्री लाल बहादुर शास्त्री के जयंती पs श्रद्धांजलि भी देले। शास्त्री के श्रद्धांजलि देत मोदी कहले कि, देश के जवान, किसान अवुरी आत्मसम्मान खातीर आपन जीवन समर्पित करेवाला पूर्व प्रधानमंत्री लाल बहादुर शास्त्री जी के जन्म जयंती पs भी श्रद्धांजलि अर्पित कईले। एकरा संगे शास्त्री भारत के दूसरका प्रधानमंत्री रहले। इनकर जनम 2 अक्टूबर 1904 के उत्तर प्रदेश में भइल रहे। उनकर सादगी आ विनम्रता से लोग प्रभावित भइले. उs 1965 के भारत-पाकिस्तान युद्ध के दौरान ‘जय जवान जय किसान’ के नारा देले रहले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]