[the_ad_group id="30365"]

खेल-खेल में मुहब्बत के खेल, सुरक्षा एजेंसी अलर्ट : सीमा हैदर के तरे एगो आउर पाकिस्तानी महिला ऑनलाइन लूडो खेलके आ गइल इंडिया, जानीं यूपी पहुंचल महिला के संगे का भइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के सीमा हैदर सुर्खियन में बाड़ी। केहू पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी आइएसआइ के एजेंट बता रहल बा। केहू प्र्रेम दीवनी ठहरा रहल बा। केहू एह कहानी के फिल्म गदर: एक प्रेम कथा से जोड़ रहल बा। केहू सलमान खान के फिल्म बजरंगी भाईजान के नया वर्जन बता रहल बा। एह सब अटकलन के बीच भारतीय सुरक्षा एजेंसियों के माथे पs बल पड़ गइल बा। पाकिस्तानी सीमा हैदर के चार लईकन के संगे देस में घुसपैठ से सुरक्षा पs प्रश्न चिन्ह खड़ा कइल जा रहल बा। एआइएमआइएम के सांसद असादुदीन ओवैसी सीधे देस के सुरक्षा के लेके सवाल पूछलें बाड़ें। एह बीच सब विवाद के बीच एगो पुरान कहानी नया रूप में सामने आइल बा। पता चलल बा कि सीमा हैदर पहिला पाकिस्तानी महिला नइखे, जवन ऑनलाइन गेम खेलते-खेलते भारत आ गइल। एकरा पहिले पाकिस्तान के हैदराबाद के रहे वाली महिला इकरा कमोवेश इहे कारनामा कs दिखवले के रहे। पाकिस्तानी महिला इकरा के ऑनलाइन लूडो खेलते-खेलते प्रयागराज के मकसूदन गांव के रहे वाला मुलायम सिंह यादव से प्यार हो गइल। इकरा मुलायम सिंह यादव से मिले नेपाल के रास्ते भारत पहुंच गइल। दुनो के बेंगलुरु पुलिस 23 जनवरी 2023 के गिरफ्तार कइल गइल रहे।

इकरा के संगे का भइल

सुरक्षा बल पूछताछ कइला के बाद इकरा के 19 फरवरी 2023 के वापस पाकिस्तान भेज दिहल लो। पूछताछ के दौरान ऊ बतवलस कि ऑनलाइन लूडो खेलला के दौरान ओकरा मुलायम सिंह यादव से प्यार हो गइल। दुनो आपस में नंबर शेयर कइले सs। WhatsApp पs बात होखे लागल। आपस में वीडियो कॉल पs घंटन बात होखे। मिलला खातिर दिल मचलल। इकरा सरहदन के लांघ कs  के सितंबर 2022 में काठमांडू से होत भारत में दाखिल हो गइल।

एतने ना 11 जून 2022 में भारत-नेपाल बॉर्डर पs सशस्त्र सीमा बल (एसएसबी) के जवान दुगो चीनी नागरिकन के संदेह के आधार पs गिरफ्तार कइले रहे लो। दुनो चीनी नागरिकन के पहचान लू लैंग (30) आ युन हेलांग (34) के रूप में भइल रहे। दुनो के लगे भारतीय वीजा ना रहे। दुनो जुवक 18 दिनन तक बिना वीजा दिल्ली-एनसीआर के अंदर घूमत रहले सs। उहो 24 मई 2022 के नेपाल सीमा से भारत में घुसल रहले सs। जानकारी के मोताबिक दुनो नोएडा में करीब 15 दिनन तक ठहरल रहले सs। पूछताछ में पता चलल रहे कि दुनो जुवक 23 मई के थाईलैंड के रास्ते काठमांडू आइल रहले सs। फेर 24 मई के ऊ कोरा के रास्ते भारत में प्रवेश कइले रहले सs।

विशेषज्ञन के बढ़ल चिंता, खेल-खेल में ना हो जाव कवनो बड़ खेल

देस के सुरक्षा एजेंसी एह बात के लेके लगातार चिंतित बाड़ी सs कि कवना तरे पाकिस्तानी सीमा हैदर चार लईकन के संगे आसानी से नेपाल के रास्ते भारत के सीमा में प्रवेश कs गइल। कुछ लोग एकरा के देस के सुरक्षा में बड़ सेंध मान रहल बा। जानकारन के मोताबिक नेपाल के भारत के मित्र देस होखे आ बिना फेंसिंग के बॉर्डर होखे के फायदा पड़ोसी पाकिस्तान आ चीन उठावत बा। भारत में घुसपैठ करे खातिर नेपाल के आपन जरिया बनाके ई पड़ोसी मुल्क इहां अपना लोगन के भेजेले सs। गैरकानूनी गतिविधियन के अंजाम दिवावेला। भारत-नेपाल के बॉर्डर पs सब दस्तावेजन के गहनता से जांच करे के आवश्यकता महसूस कइल जा रहल बा।

साभार: द फोटोन न्यूज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]