[the_ad_group id="30365"]

LG भारत में लॉन्च कइलस साउंडबार के 2023 सीरीज, Dolby Atmos के मिली सपोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

LG S95QR के कीमत 1,39,990 रुपया आ LG S75Q के कीमत 60,990 राखल गइल बा। LG S95QR एह दूनो में से टॉप वेरियंट बा आ एह पांच गो फायरिंग चैनल बा। साउंडबारे में तीन गो चैनल बा आ दू गो रियर स्पीकर में बा। एलजी के एह साउंडबार के संगे Meridian, Dolby Atmos, DTS:X आ IMAX के सपोर्ट दिहल गइल बा।

प्रमुख इलेक्ट्रॉनिक ब्रांड LG भारत में LG 2023 Soundbar लाइनअप के पेश कई देले बिया। LG 2023 Soundbar के स्टाइलिश, इको फ्रेंडली आ शानदार ऑडियो क्वालिटी के संगे लॉन्च कइल गइल बा। इस सीरीज के LG S95QR साउंडबार के संगे 810W के आउटपुट मिल रहल बा आ एकरा में 9.1.5 चैनल बा। एकरा अलावा एहमें फायरिंग स्पीकरो लागल बा। आईं जानल जाए LG 2023 Soundbar के दाम आ एकर कुल्ह  फीचर्स…

 

LG 2023 Soundbars के कीमत आ स्पेसिफिकेशन

LG S95QR के कीमत 1,39,990 रुपया आ LG S75Q के कीमत 60,990 राखल गइल बा। LG S95QR एह दूनो में से टॉप वेरियंट बा आ एह पांच गो फायरिंग चैनल बा। साउंडबारे में तीन गो चैनल बा आ दू गो रियर स्पीकर में बा। एलजी के एह साउंडबार के संगे Meridian, Dolby Atmos, DTS:X आ IMAX के सपोर्ट दिहल गइल बा।

LG 2023 Soundbar लाइनअप के इन साउंडबार में सबवूफरो मिल रहल बा । एकरा अलावा एह कुल्ह साउंडबार के वायरलेस कनेक्टिविटियो के पहिले से बेहतर बनावल गइल बा। म्यूजिक मोड के संगे Meridian ऑडियो होरिजन टेक्नोलॉजीयो के सपोर्ट बा।

एह साउंडबार  में वेरिएबल रिफ्रेश रेट (VRR) आ गेमिंग खातिर ऑटो लो लैटेंसी मोड (ALLM) मिल रहल बा।  साउंडबार के संगे 4K/120Hz के भी सपोर्ट बा आ साथहीं  WOW ऑर्केस्ट्रा फीचरो मिलत बा जवन कि टीवी के स्पीकर के साथे मिलि के चार चांद लगा देतs बा। LG 2023 Soundbar के संगे एआई रूम कैलिब्रेशनो मिलत बा जवन कि जरूरत के हिसाब से अपना आपे ऑडियो के कंट्रोल करेला। ई साउंडबार कमरा के आकार आ मवजूद हल्ला के मुताबिक ऑडियो के एडजस्ट करेले सs। ई बेहतरीन फीचर्स के संगे होली के त्योहार के देखत LG अपना एह दूनो वेरिएंट के मार्केट में उतरले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]