[the_ad_group id="30365"]

गांव के बाहर एगो कुआ में मिलल 12 बरिस के लइका के लाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वह पिछले 5 दिन यानी 2 अगस्त के घर से गायब रहल। परिजन बच्चे के गुम होखले के शिकायत पुलिस में दर्ज करवलें रहल। बच्चे के मिलले के सूचना प्राप्त होइतें मजनू चौकी प्रभारी मीरपुर गांव पहुंच के वरिष्ठ अधिकारियन के बच्चा के कुआ में लाश मिलले के सूचना देहलें। लाश मिलले के सूचना प्राप्त होइतही वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक डॉ गौरव ग्रोवर पुलिस अधीक्षक उत्तरी मनोज कुमार अवस्थी क्षेत्राधिकारी कैंपियरगंज अजय कुमार सिंह प्रभारी निरीक्षक चिलुआताल मीरपुर पहुंच गइलें। पुलिस बच्चे के शव के कुआ से बाहर निकलले अउरी मेडिकल कॉलेज से पहुंचल फॉरेंसिक टीम अउरी पुलिस जांच शुरू कर देहलस। बच्चे के शरीर पर कौनो कपड़ा नाइ रहल। परिवार के लोग कौनो दुश्मनी होखले से इनकार कइलें बानें। जबकि पुलिस के कहनाम बा कि कुआ में गिरले से बच्चा के मौत के संभावना से इंकार नाइ कइल जा सकत बा।

चिलुआताल इलाका के मीरपुर गांव के रहे वाला रामजी मुंबई में रहेले, उनुका 4 बेटी बाड़ी। जबकि उनकर एगो 12 साल के बेटा राजन रहे। 2 अगस्त के राजन ब्रह्म भोज कार्यक्रम में शामिल होखे खातिर गांव गईल रहले अउरी फेर घरे ना पहुंचले, जवना के लाश रविवार के देर रात कुआं में मिलल रहे, परिवार के लोग पुलिस के सूचना देके लापता शिकायत दर्ज करवले। बच्चा राजन के पिता रामजी मुंबई से लवटल रहे।

रविवार के रात में अचानक कुआं के लगे से गंध आवे लागल, फेर गांव के लोग के लागल कि कुआं में गिरला के बाद कवनो जानवर के मौत हो गईल बा, जब उ लोग देखले कि बच्चा के लाश इनार में तैरत बा। गांव के लोग पुलिस के एकर जानकारी दिहल। पुलिस जब लाश निकाललस त लाश रामजी के बेटा राजन के निकलल। लाश पानी में पूरा तरह से सड़ गईल रहे, जवना के चलते आसपास के इलाका में बदबू आवत रहे।

बच्चा के लाश जौने कुआ में मिलल बा, ओमे काँटदार झाड़ी बा। जबकि कुआं के बगल में पंपिंग सेट के बोर बा। ताकि उहाँ के कुआं के लगे तक केहु न जाए। गांव के लोग के शक बा कि केहु बच्चा के हत्या क के लाश के कुआं में फेंक देहले होई। पुलिस के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक डॉ. गौरव ग्रोवर बतवले पुणे से पंचनामा करावा के बच्चा के लाश के पोस्टमार्टम खातिर मेडिकल कॉलेज भेजल गईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]