Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

G-20 summit: हेरिटेज बिल्डिंग होंइहें रोशन, चमकतs नजर आई दिल्ली, कामन के समय पs पूरा कइले के निर्देश

G-20 समिट के मेजबानी एह बेर भारत कर रहल बा एह से भारत के राजधानी के एक बेर फेर से चमकावे के कयावद में लाग गइल बिया सरकार

587

फुटपाथ, डिवाइडर के सफाई, मरम्मत के साथे  एलजी की ओर से हरियाली के बढ़ावा देबेके लिए लगातार प्रयास कइल जा रहल बा।  ओह से संबंधित जमीन आ सड़कन के देखरेख करे वाली एजेंसियन के यमुना के साथे बाहरी रिंग रोड आ ओकरा आसपास के इलाका के हरियर बनवला के संगे संगे  ओकर सफाई आ अतिक्रमण मुक्त बनावे के निर्देश दिहल गइल बा।

G-20 summit: हेरिटेज बिल्डिंग होंइहें रोशन, चमकतs नजर आई दिल्ली, कामन के समय पs पूरा कइले के निर्देश दिल्ली सरकार के उपराज्यपाल के दिहल गइल बा।G-20 समिट के मेजबानी एह बेर भारत कर रहल बा एह से भारत के राजधानी के एक बेर फेर से चमकावे के कयावद में लाग गइल बिया सरकार

जी-20 शिखर सम्मेलन खातिर दिल्ली के हेरिटेज बिल्डिंगन के   सजावे के तईयारी बा। एह में चमकदार रोशनी आ सफाई के संगही अगल-बगल के सड़कन के चमकावल जाई। सम्मेलन से जुड़ल आयोजनन के संबंध में उपराज्यपाल वीके सक्सेना के अध्यक्षता में उच्च स्तरीय समिति के एगो बैठक भईल। एहमें विभिन्न कार्यन के प्रगति के समीक्षा कइल गईल।  एह दौरान एलजी  करीब 29 किलोमीटर तक पैदल चल के आयोजन स्थल आ आसपास के इलाकन में मौजूदा हालात के जायजा लिहले। दिल्ली में परिवहन, पर्यटन, सुरक्षा व्यवस्था के साथे सड़क, फ्लाईओवर, विरासत स्थल, बाजारन आ होटलन के सफाई, मरम्मत, रखरखाव के चल रहल कामन के समय पs पूरा करे के निर्देश दिहल गइल।

एलजी  सबसे पहिले आईएसबीटी, हनुमान मंदिर, सलीमगढ़ किला, लाल किला, यमुना के साथ बाहरी रिंग रोड आ समाधि खंड से शुरू होखे वाला क्षेत्रन के दउरा कइले। उ एह दौरान हनुमान मंदिर के आसपास आ हनुमान सेतु फ्लाईओवर के नीचे के क्षेत्रन में भीड़ कम कइले आ सफाई के इंतजाम के दुरुस्त करे के निर्देश दिहले। एएसआई के सलीमगढ़ किला की देवालन आ एकरा के लाल किला से जोड़े वाला पुल के गहिरा सफाई आ मरम्मत करे खातिर कहल गइल रहे। रेलवे के सलीमगढ़ किला के बगल में रेलवे ओवरब्रिज के मरम्मत आ ओकर नवीनीकरण खातिर कहल गइल।

हरित क्षेत्रन में होई बढ़ोतरी, बाहरी रिंग रोड होई अतिक्रमण मुक्त

फुटपाथ, डिवाइडर के सफाई, मरम्मत के साथे  एलजी की ओर से हरियाली के बढ़ावा देबेके लिए लगातार प्रयास कइल जा रहल बा।  ओह से संबंधित जमीन आ सड़कन के देखरेख करे वाली एजेंसियन के यमुना के साथे बाहरी रिंग रोड आ ओकरा आसपास के इलाका के हरियर बनवला के संगे संगे  ओकर सफाई आ अतिक्रमण मुक्त बनावे के निर्देश दिहल गइल बा।

किला होइहें सs रोशन, खुलल नालन के होई सफाई


एलजी  आईटीपीओ परिसर, भगवान दास रोड, मथुरा रोड आ भैरों मार्ग, इंडिया गेट के नजदीके शिखर बैठक होख के उम्मीद बा। एकरा के देखत  निर्बाध आवाजाही खातिर एलजी ट्रैफिक पुलिस आ पीडब्ल्यूडी के ओरी से कइल गइल कामन के समीक्षा कइले। भैरों मार्ग के ओर पुराना किला से सटले एगो खुला नाला के सफाई आ एएसआई के किला के मरम्मत आ ओहिजा रोशनी के बढ़िया इंतजाम करे के निर्देश दिहल गइल बा।

 

452130cookie-checkG-20 summit: हेरिटेज बिल्डिंग होंइहें रोशन, चमकतs नजर आई दिल्ली, कामन के समय पs पूरा कइले के निर्देश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.