[the_ad_group id="30365"]

डेप्युटी SP से वापस बन गइले सिपाही… आशिकी के चक्कर में यूपी पुलिस के CO साहब आपन नाश करवा लेले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उन्नाव जिला के बीघापुर सर्किल में पोस्टेड डेप्युटी एसपी कृपाशंकर कन्नौजिया के डिमोट कइल गइल। कानपुर के होटल में महिला सिपाही संगे रंगरेलियां मनावत पकड़इला के बाद विभागीय कार्रवाई के तहत उनका के प्रथम पद कांस्टेबल पs वापस भेजल गइल। गोरखपुर PAC में बतौर कांस्टेबल नया पोस्टिंग मिलल बा।

छुट्टी लेके कानपुर में महिला सिपाही के साथे आशिक मिजाजी एगो साहब के अतना भारी पड़ी उऽ सोचलो ना होइहें। रंगरेलियां मनावत घरी पकड़इला के बाद भइल विभागीय जांच के नतीजा उनका के साहब से सीधे सिपाही बना देलस। साहब गोरखपुर इस्थित पीएसी के जवना 26वीं वाहिनी में डिप्टी कमांडेंट के पद पर तैनात रहले, अब उहे उनकर ड्यूटी सिपाही के रूप में वाहिनी व्यवस्था में लगा दिहल गइल बा।

घर में काम बताके लेले रहले छुट्टी बाकिर घरे ना पहुंचले 

बात जुलाई 2021 के हऽ। साहब से सिपाही बनल डिप्टी एसपी कृपाशंकर कन्नौजिया एह दौरान उन्नाव जिला के बीघापुर सर्किल में तैनात रहले। सहयोगी महिला सिपाही के साथे उनकर इश्क परवान चढ़ल। इश्क में डूबल सीओ साहब घर में जरूरी काम बताके छह जुलाई के अपना कप्तान से छुट्टी लेले। बाकिर घरे ना पहुंचले। घरवाला उनका फोन पs संपर्क कइले बाकिर बात ना भइल। घबराई पत्नी अनहोनी के आशंका जतावत उन्नाव के एसपी से संपर्क कइलस। डिप्टी एसपी स्तर के अधिकारी के गुमशुदगी के सूचना साहब के चिंता में डाल दिलस। उनकर तलाश के खातिर जिला के सर्विलांस टीम के साथे आउर पुलिस टीम के लगा दिहल गइली।

कानपुर में मिलल रहे लोकेशन

सर्विलांस टीम पड़ताल शुरू कइलस तऽ पता चलल कि उनकर आखिरी लोकेशन कानपुर के माल रोड में आइल बा। सर्विलांस टीम सीओ के खोजत माल रोड के एगो होटल में पहुंचल। उहाँ उनकर फोटो देखा के मैनेजर से पूछले कि का ई इहाँ आइल रहले। मैनेजर बतवलस कि साहब कवनो महिला के साथे होटल के कमरा में रुकल बाड़े। टीम सीओ साहब से संपर्क कऽ के कहले कि घरवाला परेशान बाड़े उऽ पत्नी से बात कऽ लेस।

डीजीपी मुख्यालय लेलस ऐक्शन

सीओ पत्नी के वीडियो कॉल कऽ के बतवले कि उऽ कवनो शादी समारोह में शामिल होखे खातिर कानपुर आइल बाड़े। बाकिर सीओ साहब के पूरा पोल पट्टी खुल गइल। डीजीपी मुख्यालय सीओ के निलंबित कऽ के उनका खिलाफ विभागीय जांच बइठा देलस। विभागीय जांच में दोषी पवला के बाद उनका के डिमोट कऽ के उनका मूल पद पs भेज दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]