[the_ad_group id="30365"]

Free Travel: भारत के 5 जगहन जेने ठहरले खातीर खरच आई जीरो, मिली कुल्ही मुफ्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सबके घूमे-फिरे के शौक बा। यात्रा से नया चीजन के जानकारी मिलेला, मनोरंजन होला। जवना के चलते रउआ ताजा महसूस करतानी, लेकिन कई बेर बजट के चलते आपन यात्रा योजना रद्द क देनी, त इ आपके खातीर बा।

देश में अइसन बहुत जगह बा, जहाँ रह सकेला, खा सकेला, सब कुछ मुफ्त बा। हँ, रउरा ठीके सुनले बानी, हम ओह जगहन के बारे में बतावे जा रहल बानी।

 

ऋषिकेश 

इहाँ प्रकृति के सुंदरता देखे के मौका मिली अवुरी गीता भवन में रह सकतानी। इहाँ एक हजार कमरा बा, एह आश्रम से गंगा के नजारा भी देखे के मिलेला।

हरिद्वार

हरिद्वार के गंगा आरती बहुत मशहूर बा। अगर रउआ ऋषिकेश घूमे के योजना बनावत बानी त तीर्थ शांतिकुंज हरिद्वार में भी रुक सकेनी। इहाँ मुफ्त में रहे के सुविधा भी उपलब्ध बा।

उत्तराखंड (हेमकुंड साहिब गुरद्वारा)

उत्तराखंड में भी बर्फीला मैदान देखे के मिलेला। कबो-कबो भीड़ के चलते होटल मिलल मुश्किल हो जाला। अइसन स्थिति में रउआ श्री हेमकुंड साहब गुरुद्वारा में रह सकेनी। ई लंगर सेवा खातिर मशहूर बा। इहाँ रउरा के खाना-पीना मुफ्त में मिल जाई।

कोयंबटूर (ईशा फाउंडेशन) 

ई आश्रम कोयंबटूर से लगभग 40 किलोमीटर दूर बा। इहाँ के आदियोगी के मूर्ति दुनिया में मशहूर बा। एह जगह पे सैर भी कर सकेनी। इहाँ भी मुफ्त सेवा बा।

केरल (आनन्द आश्रम) 

अगर रउवा केरल घूमे के योजना बा त एह जगह जरूर जाईं। इहाँ कॉफी रउरा खातिर हरियाली के बीच स्थित आनंद आश्रम में रहे खातिर एगो बढ़िया विकल्प होई। इहाँ के खाना भी लोग के सूट करेला। असल में एहिजा के खानन में तेल आ मसाला के इस्तेमाल कम होला।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]