[the_ad_group id="30365"]

आजु रात से बस में महिला लोगन के निशुल्क यात्रा, रक्षाबंधन के पर्व पर शासन लिहलस फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रक्षाबंधन के मौका प यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ राज्य के महिला लोग के एगो उपहार देहले बाड़े। यूपी स्टेट रोड ट्रांसपोर्ट कॉरपोरेशन (यूपीएसआरटीसी) के बस में महिला 48 घंटा मुफ्त में यात्रा क सकेली। महिला लोग खातिर 48 घंटा तक मुफ्त बस सेवा दिहल जाई। राज्य सरकार के ओर से जारी अधिसूचना के मुताबिक इ सेवा 9-10 अगस्त के रात के 12 बजे से 11-12 अगस्त के रात के 12 बजे तक लागू होई। एकरा से पहिले भी राज्य सरकार रक्षाबंधन प महिला के मुफ्त में बस सेवा देत आईल बा।

एह संबंध में सरकार के विशेष सचिव डॉ. अखिलेश कुमार मिश्र यूपी सड़क परिवहन निगम के प्रबंध निदेशक के चिट्ठी लिखले बाड़न जेमे कहल गइल बा कि रोडवेज बस में महिला लोग के 10 अगस्त के रात 12 बजे से 12 अगस्त 2022 के रात 12 बजे ले मुफ्त यात्रा के व्यवस्था कईल जाई। एकरा खातिर सगरी इंतजाम कर लेईं।

अबकी बेर रोडवेज कानपुर, लखनऊ, अयोध्या वगैरह रूट पर अतिरिक्त बस चलावे के फैसला कइले बा। हालांकि ओह दिन इलेक्ट्रॉनिक टिकट मशीन के जगह मुफ्त यात्रा खातिर मैनुअल टिकट बनावल जा सकsता। एकर प्रविष्टि के बारे में भी रूट लेटर में बतावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]