[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: भारत रत्न आउर पुर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जयंती के उपलक्ष्य में नि:शुल्क जांच शिविर के भइल आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: भारतरत्न आउर पूर्व प्रधानमंत्री श्रद्धेय अटल बिहारी वाजपेयी (Atal Bihari Vajpayee) जी के जयंती के उपलक्ष्य में ईश्वर बृज फाउंडेशन संस्था (Ishwar Brij Foundation) आ श्यामा राजेंद्र कलेक्शन सेंटर (Shyama Rajendra Collection Center) के संयुक्त तत्वावधान में पाथकाइंड लैब्स (Pathkind Labs) द्वारा कैलाशपुरम, कूड़ाघाट में नि:शुल्क जांच शिविर के आयोजन अतवार के कइल गइल।

एह दौरान भारी संख्या में लोग पंजीकरण करावल आ अलग अलग तरह के खून से संबधित जांचन के लाभ उठावल। जेमे मधुमेह आ थायराइड के जांच करावे वाला लोगन के संख्या सबसे जादे रहल। ईश्वर बृज फाउंडेशन संस्था के मुख्य सरंक्षक बृजेश्वरमणि त्रिपाठी बतवलें कि समय-समय पs स्वास्थ जांच से कइयन गो अइसन बेमारियन के पता समय रहते चल जाला जवन आगे चलके ना खाली गंभीर रूप धs लेला, बलुक जानलेवो साबित होला। एही के धेयान में राखत एह नि:शुल्क जांच शिविर के आयोजन कइल गइल जवना से जादे से जादे संख्या में लोग एकर लाभ उठा सके।

नि:शुल्क जांच शिविर के दौरान बिमलावती त्रिपाठी, गौरव मणि त्रिपाठी, एकता त्रिपाठी, सुधीर कुमार मिश्र, अनुराग रंजन, शिवांगी पाठक, मिनी उपाध्याय सहित कइयन गो आउर लोग मवजूद रहल। एह जांच शिविर के सुचारू संचालन में श्यामा राजेन्द् कलेक्शन सेंटर के प्रोपराइटर सूरज तिवारी, विकास आ शिवांगी के खास भूमिका रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]