Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हाली-डे पैकेज का नाव पs देश के कइयन गो शहर में एक हजार से बेसी लोग से भइल ठगी, छव ग‍िरफ्तार

285

गोरखपुर: फरजी वेबसाइट आ कंपनियन के जरिये हाली-डे पैकेज के आफर देके जालसाजी करे आला  गिरोह के छह सदस्यन के कैंट पुलिस कार्मल रोड से गिरफ्तार कइलस। पकड़ल गइल आरोपित दिल्ली, हरियाणा, आजमगढ़, मऊ आ उन्नाव जिले के रहे आला बाड़े वाले। एयरफोर्स स्टेशन गोरखपुर के व‍िंग कमांडर से आरोपित  70 हजार रुपिया के ठगी कइले रहले सs। अतवार के ऊ कैंट थाना में मुकदमा दर्ज  करवले रहस।

अइसे होत रहे ठगी

प्रभारी निरीक्षक कैंट शशिभूषण राय बतवनी कि एयरफोर्स स्टेशन गोरखपुर के व‍िंग कमांडर शेखर डोरले हाली-डे पैकेज के नाव पs ठगी होखला के जानकारी देत आरोपितन के खिलाफ तहरीर देले रहस। ऊ लिखले कि 26 जनवरी के मोहद्दीपुर इस्थित बिग बाजार में खरीदारी करे गइल रहस। ओहि दौरान उन्कका के एगो आदमी कूपन देलस आ उनका से फोन नंबर आउर कुछ जानकारी लेलस। ओकरा दु दिन बाद उनका लगे फोन आइल। काल रिसीव कइला पs ऊ बतवलस कि रउआ फ्री मूवी टिकट, तीन दिन के होटल स्टे आ स्पा के वाउचर्स दिहल जाई। एकरा ला परिवार के संगे उनका होटल क्लार्क में आवे के पड़ी।

पुल‍िस में दर्ज करावल गइल रहे श‍िकायत

29 जनवरी के साँझ के पांच बजे ऊ होटल के कांफ्रेंस रूम में पहुंचले। जालसाज उनका के अपना कंपनी वेस्टिन इंटरनेशनल क्लब के बारे में बतवले सs। ओकनी के पांच साल खातिर हाली डे स्कीम में कइयन गो  लुभावना आफर देले सs आ अपना फरजी वेबसाइट beachwestininternationalclub.com पs मवजूद वीडियो आ ग्राहकन के फाइव स्टार रिव्यू दिखवले सs। फरजी हाली-डे पैकेज के नाव पs ऊ 70 हजार रुपये ले ले सs। कुछ दिन बाद उनका पता चलल कि उनका संगे ठगी भइल बा। एकरा बाद विंग कमांडर के तहरीर पs पुलिस ने कूटरचित दस्तावेज तैयार कs के जालसाजी कइला के मुकदमा दर्ज कs लेलस।

पुल‍िस एह लो के कइलस ग‍िरफ्तार

पुलिस ने जालसाजी करे आला दीपक राय निवासी एच-35 सूरजकुंड संतकबीर नगर जिला फरीदाबाद (हरियाणा), विकास गोस्वामी निवासी अराजी मलापुरवा थाना महराजगंज जिला आजमगढ़, विशाल राय निवासी ग्राम परसरा खुर्द थाना दोहरीघाट जिला मऊ, करुणेश निगम उर्फ शिवम निवासी भरत मिलाप मैदान थाना सदर जिला उन्नाव, सोनू मिश्र निवासी बी- 457 संगम विहार थाना संगम विहार नई दिल्ली आउर नवीन ङ्क्षसह राठौर निवासी डी-268 गली नंबर 204 संगम विहार थाना संगम विहार, नई दिल्ली के शहर के कार्मल रोड से गिरफ्तार कs लेलस। पूछताछ में आरोपित आपन जुर्म कबूल कs लेले बाड़े सs।

जालसाजों के कब्जा से मिलल ई सामान

जालसाजन के कब्जा से पुलिस के सात गो मोबाइल, एगो लैपटाप मय चार्जर, एगो पेटीएम स्वैप मशीन, 50 सेंटेरा ग्रांड लायल्टी कार्ड वीच वेस्टीन इंटरनेशनल क्लब, आठ गो एटीएम कार्ड, एगो ड्राइविंग लाइसेंस, एगो पैनकार्ड, एगो आधार कार्ड, पांच एग्रीमेंट एप्लीकेशन फार्म, एगो आफर आ फीडबैक फार्म, बुकलेट आ 20 गो एप्रूवल फार्म, एगो होंडा सिटी कार मिलल बा।

देश के कई शहरन में भइल बा जालसाजी

आरोपित देश के कई शहरन में जालसाजी करे के बात कुबूल कइले बाड़े सs। कैंट पुलिस के ओकनी के बतवले सs कि वेस्टीन इंटरनेशनल क्लब नाम के कंपनी के नाव पs पटना, जयपुर, भोपाल, लखनऊ, दिल्ली आ हरियाणा के कई शहरन में जाके लोगन से हाली-डे पैकेज के नाव पs ठगी कs चुकल बा। जनवरी के अंतिम सप्ताह में ऊ लोग गोरखपुर आइल आ इहां होटल रामा पैलेस, स्टेशन रोड गोरखपुर में रुकल आ शहर के अलग-अलग मौल आ जगहन पs जाके पहिले प्रचार-प्रसार कइलस।

झांसा में आवे आला के होटल क्लार्क के हाल में बुलाकर लुभावना हाली-डे पैकेज, होटल्स, मूवी टिकट के आफर देके फार्म भरवावल। बाद में नकद भा आनलाइन माध्यम से खाता में रुपिया जमा करावल। जब बड़ी संख्या में रुपिया जमा कs लिहल तs दूसरा शहर में चल गइल लो। ओकनी के बतवले सs कि एह दौरान जब ग्राहक फोन करे लो तs कवनो ना कवनो बहाने न चुप करा दिहल जाला।

243490cookie-checkहाली-डे पैकेज का नाव पs देश के कइयन गो शहर में एक हजार से बेसी लोग से भइल ठगी, छव ग‍िरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.