[the_ad_group id="30365"]

फ्रैंकफर्ट से हैदराबाद आ रहल विमान में बम होखला के अफवाह, उड़ान भरले के दु घंटा बाद वापस लौटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जर्मनी के फ्रैंकफर्ट से हैदराबाद आवत एगो फ्लाइट के बम के खबर मिलला के बाद वापस कs दिहल गइल. हालांकि फ्रैंकफर्ट में जांच के दौरान कवनो बम ना मिलल। बतावल जाता कि विमान के उड़ान भरला के बाद ओकरा में बम के खबर आईल बा। अइसना में विमान के वापस फ्रैंकफर्ट बोलावल गइल। टेकऑफ के दू घंटा बाद विमान फेर से फ्रैंकफर्ट में उतरल। ई विमान लुफ्थांसा एयरलाइंस के रहे।

फ्लाइट ट्रैकिंग के आंकड़ा के मुताबिक बोइंग 787-9 ड्रीमलाइनर विमान स्थानीय समय के मुताबिक शाम 6 बजे फ्रैंकफर्ट से उड़ान भरलस। फ्लाइट एलएच 752 के प्रस्थान के बाद ओकरा में बम के सूचना मिलल। अयीसना में विमान के वापस बोलावे के फैसला भईल। जब ई विमान बुल्गारियाई के हवाई क्षेत्र में रहे तs यू टर्न लेके उड़ान भरला के करीब दू घंटा बाद फ्रैंकफर्ट वापस आ गइल। इs विमान सोमार के दुपहरिया करीब डेढ़ बजे हैदराबाद के राजीव गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा (आरजीआईए) पs उतरे वाला रहे।

हैदराबाद हवाई अड्डा के अधिकारी एह बात के पुष्टि कइले बाड़न

हैदराबाद हवाई अड्डा के एगो अधिकारी एह बात के पुष्टि कइले बाड़न कि अबहीं ले कवनो औपचारिक एलान नइखे भइल बाकिर विमान में बम के खबर मिलला के चलते विमान के पीछे मुड़े के पड़ल. विमान हवा में रहे आ बुल्गारियाई के हवाई क्षेत्र के ऊपर उड़त रहे। मानक सुरक्षा प्रोटोकॉल के पालन आ हवाई यातायात नियंत्रण से मंजूरी मिलला के बाद विमान पीछे मुड़ के पूरा सुरक्षा उपाय के तहत फ्रैंकफर्ट हवाई अड्डा पs सुरक्षित उतर गइल. आरजीआई हवाई अड्डा के अधिकारी एह घटनाक्रम के पुष्टि कईले बाड़े।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]