[the_ad_group id="30365"]

कोलकाता: नवनियुक्त प्रिंसिपल समेत चार गो अधिकारी हटावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कोलकाता : पश्चिम बंगाल सरकार के स्वास्थ्य विभाग आखिरकार जूनियर डॉक्टर के कुछ मांग के स्वीकार कs लेले बा। स्वस्थ्य भवन आरजी कर अस्पताल के नवनियुक्त प्राचार्य समेत चार गो अधिकारी के पद से हटा दिहले बा. एह अधिकारी लोग में अस्पताल अधीक्षक, अतिरिक्त अधीक्षक, नवनियुक्त प्रिंसिपल आ चेस्ट मेडिसिन प्रमुख शामिल बाड़े. आरजी कर अस्पताल के आन्दोलनकारी डाक्टर बुध के दिने सीजीओ कॉम्प्लेक्स से स्वस्थ भवन ले रैली निकालले रहले आ जूनियर डाक्टरन के एगो प्रतिनिधिमंडल स्वस्थ्य भवन में जा के ज्ञापन जमा कर के माँग कइले रहुवे कि आरजी कर के मौजूदा अध्यक्ष सुहृता पाल आ चार गो अधिकारी समेत अधीक्षक बुलबुल मुखोपाध्याय के हटावे के चाही। ओह मांग के स्वीकार करत स्वस्थ भवन बुध के रात अस्पताल के चारो अधिकारी के तबादला करे के फैसला कइलस.

मानस कुमार बनर्जी के नया प्रिंसिपल बनावल गइल बा

आरजी कर अस्पताल में भईल एs घटना के बाद संदीप घोष प्रधानाध्यापक पद से इस्तीफा दे देले रहले। एकरा तुरते बाद संदीप घोष के स्वस्थ भवन के ओर से कलकत्ता नेशनल मेडिकल कॉलेज के प्रिंसिपल नियुक्त कईल गईल। जबकि सुहृता पाल के आरजी कर अस्पताल के प्रिंसिपल नियुक्त कइल गइल। विरोध करत छात्रन के दावा बा कि जबसे नयका प्रिंसिपल के जिम्मेवारी मिलल बा तब से अबहीं अस्पताल नइखन आइल. एही समय आरजी कर अस्पताल कांड के बाद संजय वशिष्ठ के अधीक्षक पद से हटा दिहल गइल. उनुका जगहा बुलबुल मुखर्जी के इs जिम्मेदारी दिहल गईल, लेकिन उनुका के भी हटा दिहल गईल बा। एकरा अलावे महिला जूनियर डॉक्टर के घर में फोन कs लाश बरामद भईला के बाद सूचना देवे वाला अस्पताल के सहायक अधीक्षक के भी तबादला कs दिहल गईल। आरोप बा कि सहायक अधीक्षक पीड़िता के घर में फोन कs के बेटी के आत्महत्या करे के सूचना देले रहले। एकरा अलावे चेस्ट मेडिसिन विभाग के प्रमुख अरुणाभ दत्ता चौधरी के भी तबादला हो गईल बा। ध्यान देवे वाला बात बा कि मरेवाला जूनियर डॉक्टर एs विभाग में काम करत रहली।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]