[the_ad_group id="30365"]

बिहार: भाजपा के चार विधायकन के सदन से निष्कासन के चेतावनी, विस अध्यक्ष बोललें- सुधार ना भइल तs देखिह लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विधानसभा अध्यक्ष अवध बिहारी चौधरी सदन के कार्यवाही में बाधा डलला के आरोप में भाजपा के चार विधायकन के निष्कासन के चेतावनी देले बाड़ें। ई विधायक बा लो- जनक सिंह, प्रमोद कुमार, जीवेश मिश्र आ लखेंद्र कुमार रौशन। जनक सिंह विपक्ष के मुख्य सचेतक हवे।

विधानसभा अध्यक्ष कहलें कि विपक्ष के सदस्य सदन के कार्यवाही में सहजोग नइखे करत लोग। सदन के बीच में आ जात बा लोग आ रिपोर्ट्स टेबल पs चढ़ जाता लोग। एसे विधानसभा कर्मियन के काम करे में परेसानी होला। प्रश्नकाल बाधित होला। जनता से जुड़ल प्रश्नन के उत्तर के समय बेवधान उत्पन्न कइल अलोकतांत्रिक बा।

ऊ कहलें कि विपक्ष के सदस्य अक्सर आसन के ओर अंगुली उठावेला लोग। मानहानि करे वाला टिप्पणी करेला लोग। ऊ लोग अशोभनीय आचरण के प्रदर्शन करेला लोग, जवन सदन के मर्यादा के प्रतिकूल बा। जदि सुधार ना भइल तs बेवधान उत्पन्न करे वाला विधायकन के सदन के कार्यवाही से निष्कासित कइल जा सकत बा।

एह क्रम में ऊ भाजपा के चार विधायकन के नाम लेलें, जेकरा के सुक के चेतावनी दिहल गइल। सदन में बजट पs वाद-विवाद के बेरा कांग्रेस के शकील अहमद खान राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ पs कुछ टिप्पणी कइले रहस, जवना के भाजपा के विधायक लोग कड़ा विरोध कइल।

विपक्ष के नेता विजय कुमार सिन्हा सहित कइयन गो आउर विधायक मांग करत रहे लो कि ओह टिप्पणी के सदन के कार्यवाही से हटावल जाव। विधानसभा अध्यक्ष के अलावे संसदीय कार्य मंत्री विजय कुमार चौधरी सदस्यन के भरोसा देलें कि खान के टिप्पणी के अध्ययन कइल जाई। जदि ऊ आपत्तिजनक पावल गइल तs कार्यवाही से हटा दिहल जाई। ओकरा बाद भाजपा के विधायक शोर-शराबा करत सदन से निकल गइल लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]