[the_ad_group id="30365"]

फोर्टिस गुरुग्राम के सुपरस्पेशलिटी ओपीडी के सुविधा गोरखपुर में, हर दुसरका सनीचर के मिली एह सुविधा के लाभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर: फोर्टिस गुरुग्राम के सुपरस्पेशलिटी ओपीडी अब हर महीना में दूसरका सनीचर के गोरखपुर में मिली। हर बार के तरह अबकी पारी डॉ० राहुल भार्गव 16 सितंबर सनीचर के सिटी सुपर सुपरस्पेशलिटी हॉस्पिटल, मेडिकल कॉलेज रोड आ हनुमान प्रसाद पोद्दार कैंसर अस्पताल, गीता वाटिका गोरखपुर में उपलब्ध रहिहें।

एह दौरान कवनो तरे के ब्लड डिसऑर्डर वाला पेशेंट जाके अपना के देखा सकत बा लो। रक्त केंसर के संगे सब तरे के रक्त से जुड़ल रोगन संबंधी बेमारियन के जांच कइल जाई। एमे खून के ना बनल, बेर-बेर संक्रमण के होखल, रोग प्रतिरोधक क्षमता के कमजोर होखल, हाथ-गोड़ में सूजन होखल, थकान लागल, बेर-बेर बोखार लागल, एप्लास्टिक एनीमिया, बोन मैरो प्रत्यारोपण लईकन के थैलेसीमिया, रक्त संबधित कैंसर, ल्युकेमिया, माइलेमा, ल्युमफोमा, तिल्ली आ जिगर बढ़ गइल सामिल बा।

अइसन में ऊ लोग जे एह तरे के रोगन से परेसान बा सनीचर के सिटी सुपर सुपरस्पेशलिटी जाके डॉ० राहुल भार्गव से देखा सकत बा। संपर्क खातीर विकास स्वरूप 9911614876 पs फोन करीं।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]