फोर्टिस गुरुग्राम के सुपरस्पेशलिटी ओपीडी अब गोरखपुर में हर दुसरका सनीचर के

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 13, 2023

गोरखपुर: फोर्टिस गुरुग्राम के सुपरस्पेशलिटी ओपीडी अब हर महीना में दूसरका सनीचर के गोरखपुर में मिली। डॉ० राहुल भार्गव 15 जुलाई के सिटी सुपर सुपरस्पेशलिटी हॉस्पिटल, मेडिकल कॉलेज रोड आ हनुमान प्रसाद पोद्दार कैंसर अस्पताल,

Share

गोरखपुर: फोर्टिस गुरुग्राम के सुपरस्पेशलिटी ओपीडी अब हर महीना में दूसरका सनीचर के गोरखपुर में मिली। डॉ० राहुल भार्गव 15 जुलाई के सिटी सुपर सुपरस्पेशलिटी हॉस्पिटल, मेडिकल कॉलेज रोड आ हनुमान प्रसाद पोद्दार कैंसर अस्पताल, गीता वाटिका गोरखपुर में उपलब्ध रहिहें।

एह दौरान कवनो तरे के ब्लड डिसऑर्डर वाला पेशेंट जाके अपना आप के देखा सकत बा लो।  रक्त केंसर के संगे-संगे सब तरे के रक्त से जुड़ल रोगन संबंधी बेमारियन के जांच कइल जाई। एमे खून के ना बनल, बेर-बेर संक्रमण के होखल, रोग प्रतिरोधक क्षमता के कमजोर होखल, हाथ-गोड़ में सूजन होखल, थकान लागल, बेर-बेर बोखार लागल, एप्लास्टिक एनीमिया, बोन मैरो प्रत्यारोपण लईकन के थैलेसीमिया, रक्त संबधित कैंसर, ल्युकेमिया, माइलेमा, ल्युमफोमा, तिल्ली आ जिगर बढ़ गइल सामिल बा।

अइसन में ऊ लोग जे एह तरे के रोगन से परेसान बा सनीचर के सिटी सुपर सुपरस्पेशलिटी जाके डॉ० राहुल भार्गव से देखा सकत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.