[the_ad_group id="30365"]

‘डीएसपी तोर वर्दी उतरवा देब’, आरजेडी के पूर्व मंत्री के बेटा के गुंडागर्दी, पुलिस कइलस गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के राजधानी पटना में पुलिस पर भइल हमला के सिलसिला में दुकानदार सरफराज के छोड़वले खातिर शुक्रवार साँझ पीरबहोर थाना पहुंचल राजद के पूर्व एमएलसी अनवर अहमद अउरी वार्ड 40 पार्षद के बेटा असफर अहमद हंगामा कs देहलें। आधा दर्जन पुलिस अधिकारियन के सामने असफर अहमद टाउन डीएसपी अशोक प्रसाद सिंह से भी बदसलूकी कइलें अउरी वर्दी उतरवा लेहले के धमकी देहलें। अफसर डीएसपी से कहलें कि हमके तू पहिचानत नाइ बाड़s, तहार वर्दी उतरवा देब।

क्या हवे मामला?

बियफ़े के सब्जीबाग डेंटल कॉलेज के सोझे छापेमारी कs रहल पुलिस दस्ता पर स्थानीय लोग हमला कs दिहल। सड़क पर दौड के मौका पर मौजूद लोग पुलिस के पिटाई कs देहल। एह मामला में क्षेत्र के डीएसपी अउरी थानेदार मौका पर जा के एगो स्थानीय दुकानदार के शक के आधार पs गिरफ्तार कs के थाना ले गइलें। एकरे बाद स्थानीय वार्ड पार्षद असफर अहमद थाने पहुंचलें अउर अधिकारियन पर कैद व्यापारी के छोड़ले के दबाव बनावे लगलें। मामला एतना बढ़ गइल कि देर रात पुलिस थाना अशोक राजपथ के सामने के सड़क के कुछ शरारती तत्त्व लोग जाम क देहल। काफी अबेर लेबहंगामा चलल। एह दौरान पुलिस भीड़ के तितर-बितर कइले खातिर बल प्रयोग कइलस। देर रात ले पुलिस मौका पर कैंप करत रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]