[the_ad_group id="30365"]

मार्गरेट अल्वा विपक्ष के उपराष्ट्रपति उम्मीदवार: कबो कांग्रेस हाईकमान पs लगवले रही टिकट बेचे के आरोप, राजस्थान सहित 4 राज्यन के राज्यपाल रहलीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उपराष्ट्रपति पद खातिर विपक्षी दलन द्वारा राजस्थान के पूर्व राज्यपाल मार्गरेट अल्वा के उम्मीदवार घोषित कइल गइल बा। एनसीपी चीफ शरद पवार दिल्ली में अतवार के विपक्षी दलन के बैठक के बाद उनका के नाम के घोषणा कइले। 80 साल के अल्वा मूल रूप से कर्नाटक के मेंगलूरु के रहे वाली हई। उनकर मुकाबला एनडीए के प्रत्यासी जगदीप धनखड़ से होई।

गुजरात-राजस्थान समेत चार राज्यन के राज्यपाल रह चुकल बाड़ी

अल्वा गुजरात-राजस्थान के अलावे गोवा आ उत्तराखंड के राज्यपाल रह चुकल बाड़ी। ऊ उत्तराखंड के पहिला महिला राज्यपाल रहल बाड़ी। राजस्थान में 2012 से 2014 तक ऊ राज्यपाल रहली। एही दौरान उनका गोवा आ गुजरात के प्रभार मिलल रहे।

कांग्रेस हाईकमान पs लगा चुकल बाड़ी टिकट बेचे के आरोप 

2008 में कर्नाटक विधानसभा चुनाव के दौरान अल्वा कांग्रेस हाईकमान पs टिकट बेचे के आरोप लगवले रही, जेकरा बाद उनका के कांगेस महासचिव के पद से हटा देले रहे। अल्वा ओह घरी महाराष्ट्र, मिजोरम आ पंजाब-हरियाणा के प्रभारी रहली। बाकिर गांधी परिवार से नजदीकी रहला के वजह से उनका के उत्तराखंड के राज्यपाल बना के भेजल गइल रहे।

राजीव-नरसिम्हा के सरकार में कैबिनेट मंत्री रहली

मार्गरेट अल्वा राजीव गांधी आ पीवी नरसिम्हा राव के सरकार में कैबिनेट मंत्री रह चुकल बाड़ी। राजीव कैबिनेट में अल्वा संसदीय कार्य आ युवा विभाग के मंत्री रहली, जबकि राव सरकार में पब्लिक आ पेंशन विभाग के मंत्री रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]