[the_ad_group id="30365"]

मशरक के घोघिया में सेन्ट्रल बैंक सी एस पी केंद्र के पूर्व विधायक तारकेश्वर सिंह फीता काटके कइलें उद्घाटन 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड अंतर्गत गंगौली पंचायत के घोघिया गांव में सोमार के सेन्ट्रल बैंक ऑफ इण्डिया के छोट इकाई सी एस पी केंद्र के उद्धघाटन पूर्व विधायक तारकेश्वर सिंह द्वारा कइल गइल।

राजकुमार चौधुर, उनकर पुत्र गुलसन, दीपक के मकान में सेन्ट्रल बैंक के मैनेजर राजू सिंह के मवजूदगी आ दर्जनन गन्यमान्य लोगन के उपस्थिति में पंडित आचार्य आकाश मिश्र के वैदिक मंत्रोउच्चारण के संगे पूर्व विधायक तारकेश्वर सिंह सेन्ट्रल बैंक ग्राहक सेवा केंद्र के उद्घाटन फीता काटके कइलें। मवका पs केंद्र के संचालक दीपक कुमार बतवलें कि ग्रामीण क्षेत्र मे बैंक के ब्रांच खुल गइला से लोगन के पईसा लेन देन करे में बहुत सहूलियत होई।

ओहिजा, पूर्व विधायक तारकेश्वर सिंह बतवलें की लोगन के सुख आ समृद्धि में रहे, पईसा के लेन देन करे मे आसानी होई। केहू के दूर ना जाये के पड़ी, ओहिजा जुझारु आ कर्तव्यनिष्ठ नेता जगदीश मिश्र बतवलें कि ई जवन ब्रांच खुलल बा ओकरा से  सुदूर ग्रामीण इलाका के लोगन के पईसा के निकासी आ जमा करे मे सहूलियत मिली।

उद्घाटन समारोह मे मवका पs उपस्थित पूर्व विधायक के प्रतिनिधि कहल जाये वाला जुझारु युवा नेता राजकिशोर चौधुर, जय प्रकाश चौधुर, एल आई सी अभिकर्ता आ ग्रामीण सी एस पी केंद्र के संचालक अनिल सिंह कुशवाहा, दिवेश चौधुर, अनुसूचित जाति के नेता सुरेन्द्र नट, पूर्व शिक्षक रामईश्वर चौधुर, बी डी सी चुनु ठाकुर, बब्लु चौधुर, गुलसन कुमार, राजेश चौधुर, दीपक कुमार सहित दर्जनन ग्रामीण मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]