[the_ad_group id="30365"]

आंध्र प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री चंद्रबाबू नायडू गिरफ्तार, सुबेरे तीन बजे CID लिहले हिरासत में 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हैदराबाद : तेलुगु देशम पार्टी के अध्यक्ष आ आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल एन चंद्रबाबू नायडू के शनिचर के सबेरे गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। 350 करोड़ रुपिया के कौशल विकास घोटाला में चंद्रबाबू नायडू के एपी सीआईडी ​​गिरफ्तार क लेले बा। एकर पुष्टि राज्य सरकार के संगे सीआईडी ​​भी कईले बिया।

ईडी जांच में घोटाला साबित हो चुकल बा। आरोप बा कि उनुका सीएम के कार्यकाल में 241 करोड़ रुपिया के फंड शेल कंपनी के भेजल गईल। एह मामिला में 8 लोग के गिरफ्तार कs लिहल जा चुकल बा।

बुधवार के ही पूर्व मुख्यमंत्री उनुका गिरफ्तारी के भविष्यवाणी कईले 

नायडू बुध के दिने भविष्यवाणी कइले रहुवे कि राज्य सरकार एक दू दिन में उनुका खिलाफ झूठा केस दर्ज कs के गिरफ्तार कर ली। उनुकर इ टिप्पणी आंध्र प्रदेश पुलिस के ओर से 118 करोड़ से जादे के आईटी नोटिस के बाद ए मामला के जांच शुरू करे के फैसला के एक दिन बाद आईल बा, जवना के केंद्रीय एजेंसी के आरोप रहे कि इ बुनियादी ढांचा कंपनी से वसूली भईल बा काहे कि ओह लोग के मिलल घूस के हिस्सा रहे।

सुबेरे 3 लोग के गिरफ्तार कइल गइल

टीडीपी के ओर से बतावल गईल कि नांदयाल रेंज के डीआईजी रघुरामी रेड्डी अवुरी सीआईडी ​​के नेतृत्व में पुलिस के संयुक्त टीम सबेरे करीब 3 बजे चंद्रबाबू नायडू के हिरासत में लेवे खातीर आरके फंक्शन हॉल में शिविर पहुंचल। पुलिस जब उहाँ पहुंचल त चंद्रबाबू नायडू अपना कारवां में आराम करत रहले। एकरा बाद टीम के सदस्य ओकरा के जगवले, गिरफ्तार क के ले गईले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]