[the_ad_group id="30365"]

पूर्व CM भूपेश बघेल पs टूटल दुख के पहाड़, बाबूजी के भइल निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रायपुर : छत्तीसगढ़ के पूर्व मुख्यमंत्री भूपेश बघेल पs टूटल  दुख के पहाड़। असल में आज उनकर बाबूजी सबेरे 6 बजे आखिरी साँस लिहले। भूपेश बघेल के पिता के 89 साल के उमिर में निधन हो गईल। पूर्व सीएम भूपेश बघेल के पिता नंद कुमार बघेल पिछला 3 महीना से राजधानी रायपुर के श्रीबालाजी अस्पताल में भर्ती रहले। श्रीबालाजी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेंडेंट डॉ. दीपक जायसवाल बतवले कि नंद कुमार बघेल बहुत दिन से अस्वस्थ रहले अवुरी बहुत कमजोर रहले। आजु सबेरे उ आपन आखिरी सांस लेहले। पूर्व सीएम उनका निधन के बाद बहुत भावुक बाड़े।

 

नंद कुमार बघेल कई महीना से अस्पताल में रहले

बता दीं कि नंद कुमार बघेल कई महीना से दिमाग आ रीढ़ के हड्डी से जुड़ल पुरान बेमारी से पीड़ित रहले। एकरा संगे उs मधुमेह से भी पीड़ित रहले। लकवा के चलते उनुका शरीर के एगो बड़ हिस्सा काम ना करत रहे। उ बहुत दिन ले वेंटिलेटर पs रहले। चुनाव के दौरान पूर्व सीएम भूपेश बघेल भी उनुका से मुलाकात कईले रहले। एह दौरान उs अपना पिता से आशीर्वाद भी लेले। पूर्व सीएम भूपेश बघेल खुद ट्वीट कs के उनुका मुलाकात के जानकारी देले रहले। हालांकि भूपेश बघेल के सरकार के विधानसभा चुनाव में हार के सामना करे के पड़ल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]