[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में जमीन दियवले के नाम पर 5.50 लाख के जालसाजी, कोर्ट के आदेश पर दर्ज भइल केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के गीडा थाना क्षेत्र के ग्राम बनौड़ा निवासी एक व्यक्ति के जमीन दियावे के झांसा दे के बाप-बेटा 5.50 लाख रुपया हड़प लिहलें। न्यायालय के आदेश पर पुलिस बाप-बेटा अउर एगो अन्य के खिलाफ जालसाजी, रुपया हड़पले अउर जान से मारे के धमकी देहले ले मुकदमा दर्ज कs के जांच कs रहल बा।

जानकारी के मुताबिक, बनौड़ा निवासी समरपाल सिंह जेकर भाई शिक्षक हवें। पिता सेवानिवृत्ति शिक्षक रहनें, जिनकर मौत हो चुकल बा। जिनकर दूनों भाइयन के बीच सात लाख के फंड मिलल रहे। ट्रैक्टर-ट्रॉली बेच के 4.20 लाख रुपया जुटवले रहनें। एह तरह करीब 18 लाख रुपया के व्यवस्था कइल गइल।

जैतपुर में जमीन खरीदे खातिर कई लोग से बात कइलें। एही दौरान जैतपुर निवासी बाप, बेटा से पुरान संबंध रहल अउर घर पर अइलें। जमीन दियावे के आश्वासन दिहलें। 22 नवंबर 2011 के दू बजे बाप, बेटा घरे अइलें अउर करीब 18 लाख रुपया ले गइलें लेकिन जमीन नाइ दिहलें।

जब रुपया वापस करे के दबाव बनवलें त।11 फरवरी 2011 के 11 लाख रुपया बैंक खाता में डरलें अउर 1.50 लाख रुपया नकद अपने घर पs दिहलें। यूयू अप्रैल 2022 के जब बाकी पइसा मांगे गइलें त बाप-बेटा जान से मारे के धमकी दिहले।

न्यायालय के आदेश पs पुलिस ओमकार नाथ जायसवाल, रवि जायसवाल, इंद्रजीत जायसवाल के खिलाफ जालसाजी, रुपय हड़पले अउर जान से मारे के धमकी देहले के केस दर्ज कs के जांच कs रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]