[the_ad_group id="30365"]

सारण स्नातक चुनाव के लेके पूर्व मंत्री आ भाजपा नेता महाचंद्र प्रसाद सिंह कइले मशरक में औपचारिक बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धर्मेंद्र कुमार सिंह- मशरक(सारण): मशरक थाना क्षेत्र के गोपालबारी गांव इस्तिथ पूर्व प्राचार्य सुरेंद्र नाथ सिंह के आवासीय परिसर में एगो बैठक के आयोजन कइल गइल। एह बैठक में मुख्य रूप से पूर्व विधान परिषद स्नातक सदस्य आ बिहार सरकार के पूर्व मंत्री भाजपा नेता महाचंद्र प्रसाद सिंह, पूर्व विधायक तारकेश्वर सिंह, जनता दल यू के प्रदेश सलाहकार समिति के सदस्य जदयू नेता कामेश्वर सिंह के संगे-संगे क्षेत्र के जानल-मानल गणमान्य लोग मवजूद रहे। एह बैठक के मुख्य उद्देश्य आवे आला समय में 2023 में होखे आला सारण जिला स्नातक चुनाव रहे। बिहार सरकार के पूर्व मंत्री आ भाजपा नेता महाचंद्र प्रसाद सिंह कहले कि हम अपना निर्वाचन क्षेत्र के लोगन से लगातार संपर्क स्थापित करत रहेनी। सब लोग से हमार व्यक्तिगत लगाव बा। एही नजदीकियन के वजह से पिछिला बेर के छोड़ दियाव तs लागातर 7 बेर सारण स्नातक क्षेत्र के सदस्य पद पs जीत हासिल कs चुकल बानी। अबकि बेर आवे आला समय में विधान परिषद सारण स्नातक सीट से क्षेत्र के मतदाता लो हमरा के जितावे के काम करी।

पूर्व विधायक तारकेश्वर सिंह कहले कि आदरणीय महाचंद्र बाबू सारण स्नातक क्षेत्र के पिछिला कइयन साल से निरतेत्व करत आ रहल बानी। हमनी सभे के समर्थन इहां के हमेशा रहल बा आ आवहु आला समय में कंधा से कंधा मिलाके साथे रहल जाई। लोगन से निहोरा करत बानी कि रउआ सभे के समर्थन इहां के प्राप्त होखे। जदयू नेता कामेश्वर सिंह कहले कि जवना तरे हमनी के समर्थन रउआ मिलत रहल बा भविष्यो में ओहि तरे समर्थन मिलत रही।

एह बैठक में मुख्य रूप से कांग्रेस पार्टी के प्रदेश कार्यसमिति के सदस्य केदारनाथ सिंह, शिक्षाविद चंद्रकेत नारायण सिंह, जदयू प्रखंड अध्यक्ष रामाधार सिंह, समाजसेवी आ नागरिक अधिकार मंच के अध्यक्ष महेश्वर सिंह, मशरक नगर पंचायत के भावी मेयर प्रत्याशी सुधीर कुमार सिंह, पूर्व मुखिया रणवीर राज, समाजसेवी बसंत कुमार सिंह, कांग्रेस पार्टी के प्रखंड अध्यक्ष रविन्द्र सिंह, समाजसेवी अजय कुमार सिंह, अधिवक्ता सरोज कुमार सिंह, विजेंद्र सिंह, भाजपा जिला प्रवक्ता त्रिभुवन तिवारी, धीरज कुमार सिंह सहित सइयन गो गणमान्य कैग सभा में मवजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]