Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दु भाईयन के बीचे मां के पेंशन के लेके जमके मारपीट, दु घायल

485

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक पूरब टोला गांव में मां के पेंशन के लेके आपसी विवाद में जमके मारपीट हो गइल। जेमे दु लोग गंभीर रूप से घायलावस्था में परिजनन द्वारा सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र मशरक में भर्ती करावल गइल। जहां ड्यूटी पर तैनात चिकत्सक डॉक्टर एस के विद्यार्थी घायलन के प्राथमिक इलाज कsके बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा रेफर कर दिहल गइल। इलाज के दौरान घायलन के पहचान मशरक पूरब टोला गांव निवासी मो. नसीब अख्तर के 35 वर्षीय पत्नी नसीमा खातून आ 15 साल के पुत्र अरबाज अली के रूप में भइल।

405060cookie-checkदु भाईयन के बीचे मां के पेंशन के लेके जमके मारपीट, दु घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.