[the_ad_group id="30365"]

खूब खिली चेहरा के रंग, स्किन केयर रूटीन में अइसे शामिल करीं कद्दू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कद्दू ना खाली आपके स्वास्थ्य खातीर बालुक आपके त्वचा खातीर भी बहुत फायदेमंद साबित हो सकता। गरमी में अक्सर लोग के त्वचा से जुड़ल बहुत समस्या के सामना करे के पड़ेला। कद्दू में पावल जाए वाला तत्व आपके त्वचा से जुड़ल समस्या के दूर करे में मददगार साबित हो सकता।

•फेस पैक बना सकेनी

कद्दू से बनल प्राकृतिक फेस पैक आपके त्वचा खातीर वरदान साबित होई। कद्दू के फेस पैक बनावे खातिर एक चम्मच शहद, आधा चम्मच हल्दी पाउडर अवुरी दु कप पिसल कद्दू के एक बड़ चम्मच के दही में मिला के बढ़िया से मिलावे के पड़ेला। अब एह फेस पैक के 20-25 मिनट ले चेहरा अवुरी गर्दन पs लगा के चेहरा धो लीं।

रउरा स्क्रब बना सकेनी

कद्दू के स्क्रब बनावे खातिर कद्दू के पेस्ट में एक चम्मच नींबू के रस, एक चम्मच दही अवुरी शहद मिला के 5 मिनट ले मालिश करीं। महज 10 मिनट के बाद चेहरा धो के आप चमकदार त्वचा पा सकतानी। कद्दू में विटामिन ए, विटामिन सी, विटामिन ई अवुरी एंटीऑक्सीडेंट के बढ़िया मात्रा होखेला जवन कि आपके त्वचा के स्वास्थ्य में बहुत हद ले सुधार कs सकता।

मॉइस्चराइजर/टोनर बनाईं

कद्दू के मॉइस्चराइजर बनावे खातिर कद्दू के पेस्ट में एक बड़ चम्मच एलोवेरा जेल अवुरी नारियल तेल मिला के सुते से पहिले चेहरा पs लगा सकतानी। एकरा अलावे कद्दू के टोनर बनावे खातीर कद्दू के रस निकाल के एक चम्मच गुलाब के पानी मिला के चेहरा पs लगा सकतानी। एह तरीका से कद्दू के अपना स्किन केयर रूटीन में शामिल करीं अवुरी चमकदार त्वचा पाईं। इs दादी के रेसिपी केमिकल ब्यूटी प्रोडक्ट पs पईसा खर्च करे से कई गुना बेहतर साबित हो सकता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]