[the_ad_group id="30365"]

BPSC 68th परीक्षा खातिर आवेदन के तारीख बढ़ल, 281 पदन पs वैकेंसी, इहां करी अप्लाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

BPSC 68th Recruitment 2022: बिहार में 68वीं कंबाइंड प्रीलिम्स परीक्षा खातिर आवेदन के आखिरी तारीख आगे बढ़ा दिहल गइल बा। बिहार पब्लिक सर्विस कमीशन के ओर से BPSC 68th Exam 2022 खातिर आवेदन फॉर्म अब 30 दिसंबर 2022 तक भरल जाई।

एह वैकेंसी खातिर आवेदन ऑनलाइन कइल जा सकत बा। अइसन में जवन उम्मीदवार एकरा खातिर आवेदन नइखे कs सकल लोग ऊ BPSC Recruitment के ऑफिशियल वेबसाइट- bpsc.bih.nic.in पs जाके आवेदन कs सकत बा।

बिहार पब्लिक सर्विस कमीशन के ओर से जारी नोटिफिकेशन के मोताबिक, 68वीं कंबाइंड परीक्षा खातिर आवेदन प्रक्रिया 25 नवंबर 2022 से सुरू बा। एमे आवेदन प्रक्रिया आज माने 20 दिसंबर 2022 के बंद होखे वाला रहे। अब 30 दिसंबर तक आवेदन कs सकत बा लोग। एप्लीकेशन फॉर्म भरे खातिर नीचे दिहल स्टेप्स के फॉलो करी।

BPSC 68th Application अइसे अप्लाई करी 

स्टेप 1- एह वैकेंसी में आवेदन करे खातिर सबसे पहिले ऑफिशियल वेबसाइट bpsc.bih.nic.in पs जाई।

स्टेप 2- वेबसाइट के होम पेज पs Latest Notification वाला फोल्डर में जाई।

स्टेप 3- एकरा बाद BPSC 68th Recruitment 2022 Apply Online के लिंक पs जाई।

स्टेप 4- अब Apply Online के लिंक पs जाई।

स्टेप 5- अगिला पेज पs मांगल गइल डिटेल्स से रजिस्ट्रेशन कs लीं।

स्टेप 6- रजिस्ट्रेशन के बाद एप्लीकेशन फॉर्म भरल जा सकत बा।

एमे आवेदन करे खातिर फीस जमा कइल जरूरी बा। अइसे में जनरल, ओबीसी आ आउर राज्यन के उम्मीदवार एप्लीकेशन फीस के तौर पs 600 रुपिया जमा करी। ओहिजा एससी, एसटी आ दिव्यांग वर्ग के उम्मीदवारन के 150 रुपिया फीस के तौर पs देवे के होई। जबकि बिहार के रहे वाली महिला उम्मीदवारन खातिर 150 रुपिया फीस निर्धारित बा।

वैकेंसी डिटेल्स

बिहार 68वीं परीक्षा के माध्यम से एह साल कुल 281 पदन पs भर्ती कइल जाई। एमे जनरल कैटेगरी खातिर 129 पदन पs भर्ती होई। एकरा अलावे ओबीसी के 39 पदन पs, E OBC के 38 पद, ओबीसी महिला के 05 पदन पs, EWS 25 पदन पs, एससी के 39 पदन पs आ एसटी के 04 पदन पs भर्ती कइल जाई।

BPSC के ओर से जारी नोटिफिकेशन के मोताबिक, 68वीं प्रीलिम्स परीक्षा के माध्यम से बिहार के अलग-अलग सरकारी विभागन में भर्ती कइल जाई। जे उम्मीदवार एह पदन पs आवेदन कइल चाहत बा ऊ वेबसाइट पs जाके एक बेर नोटिफिकेशन निम्मन से चेक कs लीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]