[the_ad_group id="30365"]

बहराइच के राइस मिल में ड्रायर फटले से लागल आग, पांच मजदूरन के मउत, 3 के हालत नाजुक

बहराइच के राइस मिल में ड्रायर फटले से लागल आग
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के बहराइच के दरगाह इलाका में सुक के सबेरे एगो चावल मिल में आग लाग गइल. आग लगते ही मिल में अराजकता मच गईल। आग बुझावे आईल 8 मजदूर जहरीला धुआं में फंस गईले। एकरा चलते 5 मजदूर के दम घुटला के चलते मउत हो गईल जबकि बाकी तीन के हालत बहुत गंभीर बतावल जाता। सभे घाही के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।  

दम घुटला से मजदूरन के मउत हो गइल

बतावल जाता कि दरगाह में राजगढ़िया राइस मिल बा। सबेरे-सबेरे मिल में अचानक आग लाग गईल। ऊपरी हिस्सा में आग लाग गईल। मिल में काम करेवाला मजदूर आग बुझावे खातीर उहाँ पहुंचले। बाकिर धुआं के चलते मजदूर के दम घुटे लागल। एकरा चलते उनुकर मउत मिल में ही हो गईल। तीन गो घायल मजदूरन के अस्पताल ले आवल गइल बा जहाँ ओह लोग के हालत भी गंभीर बतावल जात बा. फिलहाल प्रशासनिक अधिकारी मामला के जांच शुरू कs देले बाड़े।

दमकल विभाग इs जानकारी देले बा

दमकल अधिकारी विशन गोंड बतवले कि आग लागे के कारण के पता लगावे खातीर आठ लोग ड्रायर में गईले, जहां से धुआं निकलत रहे। हालांकि धुआं के चलते उ बेहोश हो गईले। गोंड बतवले कि सूचना मिलला के बाद हमनी के दुगो फायर इंजन भेज देनी। हमनी के देखनी जा कि ड्रायर से धुँआ निकलत रहे। धुँआ के कारण के पता लगावे खातिर आठ लोग ऊपर चढ़ गईले। धुआं के चलते बेहोश होके गिर गईले। दमकल ओकरा के निकाल के अस्पताल भेज दिहलस। एहमें से पाँच जने के मउत हो गइल बा आ तीन गो के इलाज चलत बा.

सीएम योगी ए घटना पs दुख जतवले

एही बीच उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दुर्घटना के संज्ञान लेले बाड़े। मुख्यमंत्री कार्यालय कहलस कि मुख्यमंत्री मरेवाला के शोक संतप्त परिवार के प्रति शोक जतवले अवुरी जिला प्रशासन के अधिकारी के उचित इलाज करावे के निर्देश देले। संगही घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के कामना कईले। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]