[the_ad_group id="30365"]

बुद्ध से कबीर तक यात्रा के भइल समापन, बुद्ध, गांधी, कबीर के राह पs चल के नफरत आ बंटवारा के खतम करे के उद्देश्य के लेके आयोजित रहे यात्रा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बुद्ध से कबीर तक यात्रा के एह साल के पांच दिन कार्यक्रम के सनीचर के अंतिम दिन रहल, ई यात्रा सनीचर के सबेरे टाउन हॉल पs महात्मा गांधी के प्रतिमा पs माल्यार्पण कs के सुरू भइल आ बैंक रोड, विजय चौक, गणेश चौक से शास्त्री चौक होखत कचहरी चौराहा पs पहुंचल जहां बाबासाहेब अम्बेडकर के प्रतिमा पs माल्यार्पण कs के छात्रसंघ चौराहा पs स्वामी विवेकानंद के पुष्प अर्पित करे के बाद विश्वविद्यालय के सामने पंत पार्क पs समाप्त भइल। एह यात्रा में एमएसआई इंटर कॉलेज के छात्र आ शहर के गणमान्य लोग सामिल भइल।

बुद्ध से कबीर तक संस्था के संरक्षक डॉ विनोद मल्ल, पूर्व डीजीपी गुजरात बतवले कि 26 नवम्बर के दिन संविधान दिवस के रूप में मनावल जाला, एहिसे हमनी के ई यात्रा आज संविधान यात्रा के रूप में निकालल जा रहल बा, देश में शांति, सद्भावना, आपसी भाईचारा के उद्देश्य से पिछिला पांच बरिसन से देश के अलग-अलग इलाकन में निकालल जा रहल ई यात्रा बुद्ध, कबीर, महात्मा गांधी, गुरु गोरक्षनाथ के विचारन के यात्रा बा, जवना माध्यम से एह महापुरुषन के शिक्षा के जनता में प्रचारित करे के कोसिस कइल जा रहल बा।

पंत पार्क में एकत्रित भइल यात्रियन के डॉ. मल्ल आ फादर आनंद संविधान के उद्देशिका पढ़के शपथ दिलवले आ ओकर एकता आ सद्भावना के राह पs चले के अपील कइलें।

एह यात्रा के समापन कार्यक्रम साँझ के पादरी बाजार इस्थित पीजीएसएस के ऑडिटोरियम में आयोजित भइल जहां फातिमा नर्सिंग कॉलेज के छात्रा लोगन के सोझा वाराणसी से आइल प्रेरणा कला मंच के कलाकार लोग नाटक ‘कबिरा खड़ा बाजार में’ प्रस्तुत कइल। बुद्ध से कबीर तक बैंड के तरानन पs उपस्थित दर्शक झूम उठल लो, एह कार्यक्रमन के माध्यम से ओह लो के बीच शांति सद्भावना के विचारन के प्रस्तुत करे के ई कोसिस सराहनीय रहल।

छात्रा लोगन के संबोधित करत सीनियर आईएएस श्रीमती अनुराधा मल्ल कहली कि देश के गौरवशाली विरासत के वाहक के रूप में जुवा लोगन के आगे आवे के होई आ नफरत आउर बंटवारा के भावना के खत्म करे खातिर बुद्ध, कबीर आ गांधी के बतावल रस्ता पs चले के होई।

संस्था के मीडिया प्रभारी अजीत सिंह बतवलें कि एह साल के पांच दिन के ई यात्रा गोरखपुर, महराजगंज आ देवरिया जनपद में सम्पन्न भइल। जहां अलग-अलग संस्थानन में अलग-अलग कार्यक्रमन के माध्यम से लोगन के बीच जागरूकता फइलावे के कोसिस कइल गइल।

एह कार्यक्रम में फादर साबू, सेराज अहमद अब्दुल्ला, प्रवीण गुप्ता, सरदार जसपाल सिंह, एच एस मल्ल, शैलेन्द्र कबीर, जगदम्बा राज, देवयानी, आकृति विज्ञ आदि उपस्थित रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]