Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

DDU के क्रीड़ा परिषद में सुरू भइल फिटनेस जिम: स्टूडेंट, टीचर आ कर्मचारियन के संगे आम शहरवासियन के मिली लाभ, खिलाड़ियन के होई फ्री इंट्री

834

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी के क्रीड़ा परिषद भवन में बनल फिटनेस सेंटर के सोमार के VC प्रो. पूनम टंडन सुभारंभ कइली। दुपहरिया बाद आयोजित कार्यक्रम में VC विधिवत पूजा कइला के बाद फीता काटके जिम के सुरुआत कइली। सांझ के ई यह जिम पंजीकृत लोगन आ खिलाड़ियन खातिर खोल दिहल गइल।

उद्घाटन कार्यक्रम में कुलपति प्रो. पूनम टंडन कहली कि नया साल में ई फिटनेस सेंटर शहरवासियन खातिर तोहफा बा। इहां खिलाड़ी, टीचर आ कर्मचारी के संगही आम शहरी लोग वर्कआउट करी। ऊ कहली कि निम्मन स्वास्थ्य होखले पs कवनो काम में व्यक्ति आपन बेहतर प्रदर्शन कs सकत बा। यूनिवर्सिटी के खिलाड़ियन खातिर एकरा के पूरा तरे निशुल्क कs देला से इहां के स्टूडेंट्स में फिटनेस के लेके रुझान बढ़ी।

उच्च स्तरीय उपकरणन से लैस बा जिम

क्रीड़ा परिषद अध्यक्ष प्रो. विमलेश मिश्र कहलें कि यूनिवर्सिटी में इस्थित एह फिटनेस सेंटर में जिम से संबंधित सारा उच्च स्तरीय उपकरण उपलब्ध बा। अब एकरा के क्रियाशील कs दिहल गइल बा, एकरा पहिला चरण में यूनिवर्सिटी के शिक्षक आ कर्मचारियन के उपयोग खातिर पंजीकरण करवले बा लो।

ई लोग रहल मवजूद

क्रीड़ा परिषद के सचिव डॉ. राजवीर सिंह कार्यक्रम के संयोजन कइलें आ फिटनेस सेंटर के बारे में कुलपति के जानकारी देलें। एह दौरान उपाध्यक्ष प्रो. आलोक गोयल, प्रो. विजय चहल, सह सचिव डॉ. मनीष पांडेय, प्रो. करुणाकर राम त्रिपाठी, प्रो. हिमांशु पांडेय, प्रो. शरद मिश्रा, डॉ. उपेंद्र नाथ त्रिपाठी, डॉ. ओमप्रकाश सिंह, डॉ. प्रभुनाथ प्रसाद, डॉ. अपरा त्रिपाठी, डॉ. रमेश चंद्र आदि मौजूद रहल लो।

701850cookie-checkDDU के क्रीड़ा परिषद में सुरू भइल फिटनेस जिम: स्टूडेंट, टीचर आ कर्मचारियन के संगे आम शहरवासियन के मिली लाभ, खिलाड़ियन के होई फ्री इंट्री

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.