Gorakhpur: रामगढ़ताल में मछली पालन खातिर होई नीलामी, ऑनलाइन भरीं फार्म

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 3, 2023

गोरखपुर जिला के रामगढ़ताल में मछली पालन आ शिकार खातिर जीडीए के ओर से नीलामी के प्रक्रिया सुरू कइल गइल बा। ऑनलाइन आवेदन के प्रक्रिया तीन अगस्त से सुरू होके 7 अगस्त तक चली। एकरा

Share

गोरखपुर जिला के रामगढ़ताल में मछली पालन आ शिकार खातिर जीडीए के ओर से नीलामी के प्रक्रिया सुरू कइल गइल बा। ऑनलाइन आवेदन के प्रक्रिया तीन अगस्त से सुरू होके 7 अगस्त तक चली। एकरा बाद ऑनलाइन नीलामी आठ अगस्त के पूरा कइल जाई।

जीडीए सचिव उदय प्रताप सिंह बतवलें कि रामगढ़ताल में मछली पालन आ शिकार खातिर नीलामी के इच्छुक व्यक्ति आनलाइन आवेदन जमा करा सकत बा। ई-नीलामी से संबंधित जानकारी वेबसाइट www.gdagkp.in पs उपलब्ध बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.