[the_ad_group id="30365"]

बाबा बर्फानी के पहिला तस्वीर आईल सामने, अमरनाथ पहुंचल यात्रियन के पहिला जत्था

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

भोलेनाथ के भक्तन के पहिला बैच अमरनाथ पहुंचल बा आ ओह लोग के भगवान शिव के दर्शन भी मिलल बा। बाबा बर्फानी के एह साल के पहिला तस्वीर भी सामने आइल बा। एह तस्वीरन में भक्तन के भगवान भोलेनाथ के दर्शन करत देखल जा सकेला. एकरा संगे भारी संख्या में तीर्थयात्री रास्ता में बाड़े अवुरी दर्शन खातीर अमरनाथ गुफा के ओर जात बाड़े।

पावन अमरनाथ यात्रा के पहिला बैच शुक (28 जून) के सबेरे छोड़ दिहल गईल। जम्मू बेस कैंप से पहिला बैच के यात्री जम्मू के भगवती नगर के यात्री निवास से सबेरे चार बजे पहलगाम आ बालटाल खातिर रवाना भइल. जम्मू-कश्मीर के उपराज्यपाल मनोज सिन्हा जम्मू से आइल तीर्थयात्रियन के पहिला बैच के झंडा देखा दिहलन. एकरा से पहिले एलजी मनोज सिन्हा भी मंदिर में पूजा-अर्चना करत रहले।

बरखा बन सकेला परेशानी

मौसम विभाग 28 जून से 10 जुलाई तक बरखा के अनुमान लगवले बा। अयीसना में पहिला सप्ताह में बरखा के बीच सफर जारी रहे के पूरा संभावना बा।  बाबा बरफानी के गुफा 14 हजार 500 फीट के ऊंचाई पs पहुंचे के दू गो रास्ता बा। पूरा मार्ग में 135 से अधिका लंगर लगावल गइल बा जवना से तीर्थयात्रियन के सेवा दिहल गइल बा.

2 लाख से अधिक सुरक्षाकर्मी तैनात

अबकी यात्रा पs आतंकी हमला के खतरा के देखत दु लाख से जादे सुरक्षाकर्मी के तैनाती कईल गईल बा। हर दिन 15 हजार तीर्थयात्रियन के बाबा बरफानी के दर्शन करावे के अनुमति दिहल गइल बा. ई सफर श्रावण पूर्णिमा यानी राखी पूर्णिमा ले चलत रही।  यात्रा के ध्यान में राखत महादेव के दरबार के बहुत बढ़िया से सजावल गईल बा। एह बात के भी ध्यान राखल जा रहल बा कि यात्रियन के कवनो तरह के समस्या के सामना ना करे के पड़े। यात्रियन खातिर खाना-पीना से लेके बाकी सभ सुविधा ले के बाकी सभ सुविधा के ध्यान राखल जाता। बेस कैंप में यात्रियन के बिछौना से लेके सुरक्षा तक के पूरा तैयारी कईल गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]