[the_ad_group id="30365"]

एक्जीबिशन रोड में हरि कॉम्प्लेक्स के लगे फायरिंग: दुकान पs करीब 12 बदमाश पहुंचलें सs, रात में भइल रहे लड़ाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गांधी मैदान थाना क्षेत्र के एक्जीबिशन रोड इस्थित हरि कॉम्प्लेक्स के लगे दिनदहाड़े फायरिंग भइल बा। बीके इंजीनियरिंग दुकान के स्टाफ राजेश पटेल दुकान पs बइठल रहे। एह दौरान करीब 12 शातिर लोग आइल। एकरा बाद फायरिंग कs दिहल। एक राउंड फायरिंग कइल गइल बा। मवका पs गांधी मैदान थाना के पुलिस पहुंचके छानबीन में जुट गइल बिया। फिलहाल पीड़ित राजेश पटेल के थाना पs ले आवल गइल बा।

बीके इंजीनियरिंग शॉप के मालिक मनमीत सिंह बतवलें कि हमार स्टाफ अशोक दुकान पs रहे। हम बगल में शटर ठीक करावत रहनी। एही बीच 10 से 12 जुवक दुकान पs आ गइलें सs।


स्टाफ के खींचके ले जाइल चाहत रहलें सs

दुकानदार कहलें कि सब जुवक ओकरा के खींचके अपना साथे ले जाइल चाहत रहे लो, बाकिर जब लोग जमा होखे लागल तs एक राउंड फायरिंग कs के फरार हो गइल। हमरा स्टाफ के अलावे बाबा लुब्रिकेंट्स के स्टाफ सोनू कुमार के खींचके ले जात रहलें सs।
आसपास के दुकानदार बतावल कि देर रात दुकान जब बंद होत रहे,ओह घरी कवनो बात के लेके कहा सुनी भइल रहे। हो सकत बा, ओहि के बदला लेवे खातिर आइल होखे।

Read Also: Jio के संगे आई अमेरिकी कंपनी Confluent, AI में मिली मदद, डेटा स्ट्रीमिंगो पs काम सुरू

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]