[the_ad_group id="30365"]

गिरधरगंज के कंपोजिट पूर्व माध्यमिक विद्यालय परिसर के झाड़ियन में लागल आग, दमकल के गाड़ी पवलस आग पs काबू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर के गिरधरगंज में आज सांझ ओह समय अफरा तफरी के माहौल बन गइल जब कंपोजिट पूर्व माध्यमिक विद्यालय गिरधरगंज के प्रांगण में आग लाग गइल। स्थानीय  लोगन के तत्परता आ समय रहते दमकल के 2 गाड़ियन के मदद से आग पs काबू पा लिहल गइल।

स्थानीय लोगन से मिलल जानकारी के मोताबिक विधालय परिसर के पिछला भाग में फइलल झाड़ियन में सांझ के 5 बजे के अगरी-कगरी आग पकड़ लेलस। एकर लपट अतना तेज रहे कि विद्यालय के भवन आ आसपास के घरन में आग धs लेवे के खतरा बढ़ गइल। लोग तत्काल अग्निशमन विभाग के एकर सूचना दिहल। जवना के तुरन्त बाद दमकल के दु गाड़ी पहुंचल आ आग पs काबू पवलस।

बता दीं कि आग लगला के कारण अभी तक पता नइखे चल सकल। आग के वजह से जान-माल के संभावित नुकसान समय रहते आग बुझा के टाल दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]