Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अगलगी: पूजा करत घरी महिला के कपड़ा में लागल आग, मचल चीख पुकार

481

सारण जिला के सोनपुर के सबलपुर बाभन टोली में पूजा करे के दौरान उहां के पैक्स अध्यक्ष के मां के कपड़ा में आग धs लेलस। एह घटना के बाद उहां चीख-पुकार मच गइल।

घर आ अगरी-कगरी के लोग कवनो तरे महिला के कपड़ा में धइल आग के बुझावल। तनिके देर में उहां लोगन के बहुते भीड़ इकट्ठा हो गइल। आनन-फानन में सबलपुर मध्यवर्ती पंचायत वार्ड संख्या 6 के पैक्स अध्यक्ष जितेंद्र तिवारी के मां सबुजपरी देवी के हाजीपुर के एगो निजी अस्पताल में ले जाइल गइल। जहां उनकर इलाज चल रहल बा। आसपास के लोगन के कहनाम बा कि अब ऊ खतरा से बाहर बाड़ी।

504070cookie-checkअगलगी: पूजा करत घरी महिला के कपड़ा में लागल आग, मचल चीख पुकार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.