[the_ad_group id="30365"]

अगलगी: पूजा करत घरी महिला के कपड़ा में लागल आग, मचल चीख पुकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण जिला के सोनपुर के सबलपुर बाभन टोली में पूजा करे के दौरान उहां के पैक्स अध्यक्ष के मां के कपड़ा में आग धs लेलस। एह घटना के बाद उहां चीख-पुकार मच गइल।

घर आ अगरी-कगरी के लोग कवनो तरे महिला के कपड़ा में धइल आग के बुझावल। तनिके देर में उहां लोगन के बहुते भीड़ इकट्ठा हो गइल। आनन-फानन में सबलपुर मध्यवर्ती पंचायत वार्ड संख्या 6 के पैक्स अध्यक्ष जितेंद्र तिवारी के मां सबुजपरी देवी के हाजीपुर के एगो निजी अस्पताल में ले जाइल गइल। जहां उनकर इलाज चल रहल बा। आसपास के लोगन के कहनाम बा कि अब ऊ खतरा से बाहर बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]