गाली-गलौज के विरोध कइला पs मारपीट, 5 जख्मी: गोपालगंज में 3 के आइल जादे चोट, विवाद के लेके सुरू भइल रहे लड़ाई

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2023

गोपालगंज के फुलवरिया थाना क्षेत्र के छठु बथुआ गांव में गाली गलौज के विरोध करे के ममिला में दु पक्षन के बीच जमके मारपीट भइल। मारपीट में एके परिवार के पांच लोग बुरा तरे जख्मी

Share

गोपालगंज के फुलवरिया थाना क्षेत्र के छठु बथुआ गांव में गाली गलौज के विरोध करे के ममिला में दु पक्षन के बीच जमके मारपीट भइल। मारपीट में एके परिवार के पांच लोग बुरा तरे जख्मी हो गइल। एह लोगन के इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

तीन लोगन के इस्थिति गंभीर बनल बा। जख्मियन में हरिलाल यादव के बेटा मुकेश यादव आ शैलेश यादव, राजू यादव के बेटा अजीत यादव, सुराज चौधरी के बेटा हीरालाल यादव आ नागेंद्र यादव के बेटा दीपक यादव सामिल बा।

फुलवरिया थाना क्षेत्र के छठु बथुआ गांव निवासी घायल मुकेश यादव बतवलें कि गांवे के आरोपियन से जमीनी विवाद चलत रहे, बाकिर आपसी समझौता के कारण ममिला खत्म हो गइल रहे। एकरा बादो आरोपी हमेसा गाली गलौज करत रहलें सs। कइयन दिनन के गाली गलौज सुनला के बाद आज जब ओह लोगन के घरे पूछे गइल लो तs आरोपियों कावर से जमके पिटाई कइल गइल।

बीच बचाव करे पहुंचल भाई आ पिता के संगे परिवार के अउरियो लोगन पs ईंट से हमला कs दिहल गइल। पांच लोग घायल हो गइल। जेमे तीन लोगन के इस्थिति गंभीर बनल बा। फुलवरिया थानाध्यक्ष बतवलें कि नगर थाना पुलिस के जख्मियन के ओर से फर्द बयान दिहल गइल बा। अभी तक हमरा लगे आवेदन नइखे आइल। प्राप्त आवेदन के आधार पs ममिला के जांच कs  के कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.