[the_ad_group id="30365"]

Patna News: कांग्रेस जिलाध्यक्ष दु जुवकन के पीटलें, जवाब में हमला: दुनो पक्ष के करतूत कैमरा में कैद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना में दु पक्षन के बीच मारपीट के ममिला सामने आइल बा। घटना सनीचर के सांझ के बा। कांग्रेस जिलाध्यक्ष शशि रंजन सिंह पs पड़ोस के दुगो बाइक सवार जुवकन के पीटे के आरोप लागल बा तs ओहिजा जुवकन के परिजन लोग शशि रंजन के घर पs हमला कs देले बा। घटना के CCTV फुटेज आ वीडियो सामने आइल बा। ओहिजा, एह ममिला में दुनो पक्ष पुलिस एक-दुसरा के खिलाफ आवेदन दिहल गइल बा। फिलहाल पुलिस ममिला के छानबीन में जुटल बिया।

केहू नइखे मिलल तs गाड़ियन के शीशा तुड़लस 

दरअसल, राजधानी पटना के दीघा थाना क्षेत्र के गेट नं 93 के लगे कांग्रेस जिलाध्यक्ष अपना कुछ साथियन के संगे बाइक सवार दु जुवकन के रोकके उनका संगे मारपीट कइलें। एह दौरान एगो जुवक घायल हो गइल। दुनो जुवक पड़ोस के लगे के रहे वाला बा। एकर CCTV फुटेजो सामने आइल बा।

ओहिजा, मारपीट के बाद घायल लईका के परिजन 4 से 5 के संख्या में कांग्रेस जिलाध्यक्ष के घर पs हमला कs दिहल लो। केहू के ना मिलला के इस्थिति में उहां खड़ा 2 से 3 गाड़ियन के शीशा तुड़ देलें सs। जवना के बाद पुलिस के एकर सूचना दिहल गइल। एकर वीडियो सामने आइल बा।

दुनो तरफ से आवेदन लेके जांच जारी : थानाध्यक्ष

दीघा थानाध्यक्ष बतवलें कि सनीचर के देर सांझ के दीघा में मारपीट के घटना के सूचना मिलल। घटना के गंभीरता के देखत पुलिस तुरंत घटनास्थल पs पुलिस पहुंचल। जांच में ई बात सामने आइल कि कांग्रेस के जिलाध्यक्ष शशि रंजन सिंह अपना परिजनन के संगे मिलके बगल के अनिल राय के बेटा के संगे मारपीट कइल गइल। जवना से ऊ जख्मी हो गइल। एकरा बाद अनिल राय अपना परिजनन के संगे शशि रंजन सिंह के घर पs हमला कs देलस। उहां खड़ा तीन गाड़ियन के शीशा तुड़ दिहल गइल। दुनो तरफ से आवेदन लेके आगे के जांच कइल जा रहल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]