Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

FIFA वर्ल्ड कप: पुर्तगाल लिहलस 2018 के बदला, उरुग्वे के 2-0 से हरवलस, ब्रूनो फर्नांडिस दगनें दूनों गोल

639

फुटबॉल स्टार क्रिस्टियानो रोनाल्डो के टीम पुर्तगाल फीफा विश्व कप 2022 के अंतिम 16 में पहुंच गइल बा। अपने ग्रुप मैच में पुर्तगाल उरुग्वे के 2-0 से हरवलस। एकरे सथही पुर्तगाल उरुग्वे से 2018 में मिलल हार के बदला भी ले लिहलस। एह मैच में पुर्तगाल खातिर दूनों गोल ब्रूनो फर्नांडिस कइलें। हालांकि, उरुग्वे के गोलकीपर के शानदार प्रदर्शन के चलते ऊ अपने हैट्रिक से चूक गइलें, लेकिन आपन टीम के अगिले दौर में पहुंचवले में ऊ अहम योगदान दिहलें।

ग्रुप एच मुकाबिला में लुसेल स्टेडियम में दक्षिण अमेरिकी टीम के खिलाफ ब्रूनो फर्नांडिस मैच के 54वें मिनट में पहिला गोल कs के अपने टीम के 1-0 से आगे कs दिहलें। एकरे बाद दूसरे हाफ के इंजरी टाइम में ऊ दूसरा गोल कs के पुर्तगाल के बढ़त 2-0 कs दिहलें अउर अपना टीम के जीत लगभग तय कs दिहलें। एह मैच में उनके लग्गे हैट्रिक पूरा करे के शानदार मौका रहल, लेकिन गेंद गोल पोस्ट से टकरा गइल अउर ऊ तीसरा गोल नाइ कs पवलें।

क्रिस्टियानो रोनाल्डो 54वें मिनट में गोल करे के दावा कइलें जब उनके लागल कि ऊ गोल कइले बानें, लेकिन ई गोल फर्नांडिस के दिहल गइल क्योंकि गेंद उनके क्रॉस के बाद नेट में गइल रहे।

उरुग्वे खातिर मैक्सिमिलियानो गोमेज मैच के 75वें मिनट में गोल करे के कोशिश कइलें, लेकिन उनकर शॉट सही निशाना पर नाइ रहल। दूसरे हाफ में भी उरुग्वे के टीम गोल करे के मौका बनवलें, लेकिन उनके भुना नाइ पवलस।

पहिले हाफ में दूनों टीम कौनो गोल नाइ कs पवले रहल। अइसे में उरुग्वे के खिलाड़ी 2018 के तरह फिर से पुर्तगाल के हरावे के सपना देखत रहनें, लेकिन ब्रुनो फर्नांडिस अइसन नाइ होखे दिहनें।

एह मैच में क्रिस्टियानो रोनाल्डो, लुइस सुआरेज अउर एडिन्सन रॉबर्टो कैवानी जइसन दिग्गज खिलाड़ी कौनो गोल नाइ कs पवलें। उरुग्वे के मिडफील्डर रोड्रिगो बेंटानकुर दक्षिण अमेरिकी टीम खातिर कुछ मौका बनवलें लेकिन, कौनो खिलाड़ी सही तरीका से फिनिश नाइ कs पवलें। एह मैच के बाद पुर्तगाल ग्रुप एच में शीर्ष पर बानें, जबकि उरुग्वे घाना के बाद तीसरे स्थान पर रहल।

394160cookie-checkFIFA वर्ल्ड कप: पुर्तगाल लिहलस 2018 के बदला, उरुग्वे के 2-0 से हरवलस, ब्रूनो फर्नांडिस दगनें दूनों गोल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.