Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

FIFA विश्वकप: फीफा विश्व कप में चउथे दिन भी चार मुकाबिला, आजु अपने अभियान के शुरुआत करी जर्मनी के टीम

914
फीफा विश्व कप 2022 के आजु चउथा दिन ह। चउथे दिन भी एह टूर्नामेंट में चार मुकाबिला खेलल जाई। आजु ग्रुप-एफ अउर ग्रुप-ई के टीम एक्शन में होई। पहिला मैच मोरक्को अउर क्रोएशिया के बीचे होई। एकरे बाद जर्मनी के सामना जापान से बा। ग्रुप ई के तीसरे मैच में स्पेन के सोझे कोस्ट रिका के चुनौती होई। उहवें, दिन के आखिरी मुकाबला बेल्जियम अउर कनाडा के बीच बा।
पिछले विश्व कप में फाइनल तक के सफर तय करे वाली क्रोएशिया के टीम मोरक्को के खिलाफ जीत के साथ अपने अभियान के शुरुआत कइल चाही। ग्रुप एफ में एह दू टीमन के अलावा बेल्जियम अउर कनाडा के टीम बा। ई दूनों टीम भी साँझ के समय आपस में भिड़ी।
दिन के सबसे अहम मुकाबला जर्मनी अउर जापान के बीच बा। 2014 विश्व कप के चैंपियन टीम जर्मनी जीत के साथ एह विश्व कप में आपन सफर शुरू कइल चाही। एही ग्रुप के दूसरा मुकाबला 2010 के चैंपियन स्पेन अउर कोस्ट रिका के टीम आमने-सामने होई।

अजुओ हो सकsता उलटफेर

आज के मैच में जर्मनी अउर स्पेन का आपन-आपन मैच जीतल तय मानल जा रहल बा। लेकिन जापान अउर कोस्ट रिका के टीम उलटफेर करे में सक्षम बा। खासकर सऊदी अरब अर्जेंटीना के हरा के सब के चौकवले बानें। अइसे में एह दूनों टीम के भी सम्हर के रहे के होई।

आज के चार मैच कब अउर कहां

मैच मैदान समय
मोरक्को बनाम क्रोएशिया अल-बायत स्टेडियम दूपहर 3:30 बजे
जर्मनी बनाम जापान खलीफा अंतरराष्ट्रीय स्टेडियम साँझ 6:30 बजे
स्पेन बनाम कोस्टा रिका अल थुमामा स्टेडियम रात 9:30 बजे
बेल्जियम बनाम कनाडा अहमद बिन अली स्टेडियम रात 12:30 बजे
388770cookie-checkFIFA विश्वकप: फीफा विश्व कप में चउथे दिन भी चार मुकाबिला, आजु अपने अभियान के शुरुआत करी जर्मनी के टीम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.