[the_ad_group id="30365"]

FIFA World Cup: दक्षिण कोरिया के खिलाफ प्री-क्वार्टर फाइनल में ब्राजील के नजर नेमार के वापसी पर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्राजील के टीम फीफा विश्व कप के प्री-क्वार्टर फाइनल में सोमार देर रात (साढ़े 12 बजे) जब दक्षिण कोरिया के खिलाफ मैदान पs उतरल तs ई देखल दिलचस्प होई कि टीम के दिग्गज खिलाड़ी नेमार चोट से उबर के वापसी करत बाड़े कि ना। एह बात के फैसला मैच से पहिले ब्राजील के अंतिम अभ्यास सत्र में उनका प्रदर्शन पर होई। ब्राजील के ई स्टार खिलाड़ी सर्बिया के खिलाफ टीम के सुरूआती जीत में दहिना टखना के चोट के कारण ग्रुप चरण के दु मैचन में ना खेल पवले रहे।

नेमार चोट के कारण बाड़े बाहर

नेमार ने सनीचर के टीम के साथियन के साथे अभ्यास कइलें बाकिर ई स्पष्ट नइखे कि ऊ दक्षिण कोरिया के खिलाफ मैदान में उतरे खातिर पूरा तरे से फिट बाड़े कि ना। टिटे अतवार के टीम के अभ्यास सत्र से पहिले कहलें कि ऊ आज दुपहरिया में अभ्यास करिहें। जदि अभ्यास सत्र में उनकर प्रदर्शन अच्छा रहल तs ऊ खेलिहें। टिटे कहलें कि जदि ऊ खेले खातिर फिट होइहें तs ऊ सुरुआती एकादश में सामिल रहिहें। हम मैच के सुरुआते से अपना सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी के इस्तेमाल कइल पसंद करेनी। एह तरह के फैसला आ ओकर जिम्मेदारी लेहल कोच के काम हs।

नेमार के ना रहला के बावजूद टीम कइलस सानदार प्रदर्शन

नेमार के गैरमौजूदगी में ब्राजील के टीम अपना ग्रुप में शीर्ष पर रहल। हालांकि पिछला मैच में कैमरून से हार के सामना करे के पड़ल रहे। दक्षिण कोरिया के टीम क्रिस्टियानो रोनाल्डो जइसन दिग्गज खिलाड़ी के टीम पुर्तगाल के हराके प्री-क्वार्टर फाइनल में जगह बनवलस। टीम 12 साल के बाद नॉकआउट चरण में पहुंचल बिया। नेमार सर्बिया के खिलाफ टीम के सुरुआती मैच में चोटिल भइल रहस। फिजियोथेरेपी सत्र से गुजरला के बाद उनकर इस्थिति में सुधार भइल आ सनीचर के टीम के ओर से जारी वीडियो में ऊ ठीक तरीका से अभ्यास करत लउकलें।

पहिला बेर आधिकारिक रूप से आमने-सामने होई ब्राजील-दक्षिण कोरिया

ई पहिल बेर होई जब ब्राजील आ दक्षिण कोरिया एगो आधिकारिक मैच में एक-दूसरा के सामना करी। दुनो टीम अब तक सात गो मैत्री मैच खेलले बा। जेमे ब्राजील छव मैच में जीत दर्ज कइले बा। दक्षिण कोरिया के एकमात्र जीत 1999 में आइल रहे। हांग ही-चान पुर्तगाल के खिलाफ स्टॉपेज-टाइम में गोल कर के दक्षिण कोरिया के ऐतिहासिक जीत दिलावले रहस। टीम एह गोल के बदौलत टूर्नामेंट में आगे बढ़े में सफल रहल। मांसपेशियन में खिंचाव के कारण टीम के पहिला दु मैचन से बाहर रहे वाला ह्वांग के ब्राजील के खिलाफ फेर से सुरुआती लाइनअप में होखे के उम्मीद बा। दक्षिण कोरिया 2002 में सह-मेजबान के रूप में टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में पहुंचल रहे। ओकर अभियान 2014 आ 2018 में ग्रुप चरण में खतम हो गइल रहे। ब्राजील के टीम 2002 के बाद पहिला बेर खिताब जीते खातिर जोर लगा रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]