[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ-रामेश्वरम ट्रेन में भीषण आग लागल: 8 यात्रियन के मौत, 20 से जादे घायल: तमिलनाडु के मदुरै रेलवे स्टेशन के लगे हादसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तमिलनाडु के मदुरै रेलवे स्टेशन के लगे लखनऊ से रामेश्वरम जा रहल पुनालुर मदुरै एक्सप्रेस में आग लाग गइल। एह हादसा में 8 लोगन के मौत हो गइल आ 20 से जादे लोग जख्मी हो गइल। मरे वालन में जादेतर लोग उत्तरप्रदेश के बा।

अधिकारियन के मोताबिक, आग लगला के घटना के सूचना सबेरे करीब 5.15 बजे मिलल। जब ट्रेन मदुरै यार्ड जंक्शन पs रुकल रहे। दक्षिण रेलवे के कहनाम बा कि ट्रेन के प्राइवेट पार्टी कोच में यात्री अवैध रूप से गैस सिलेंडर के तस्करी करत रहे लो आ एही वजह से आग लागल।

ई तस्वीर ओह डिब्बा के हs, जेमे आग लागल रहे। रेस्क्यू जारी बा।

मदुरै कलेक्टर हादसा में 8 लोगन के मौत होखे के पुष्टि कइले बाड़ें। ओहिजा, 20 से जादे लोग घायल हो गइल, जेकरा के गवर्नमेंट राजाजी कॉलेज मदुरै में भर्ती करावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]