[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गोरखपुर के गोला बाजार में लागल भयंकर आग, छव घंटा में कइल गइल काबू, लाखन रुपिया के भइल नुकसान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के गोला कस्बा में इस्थित गुप्ता कॉम्प्लेक्स में सबेरे भीषण आग लाग गइल। आग लगला के कारण बिजली के शार्ट सर्किट बतावल जा रहल बा। जइसही लोगन के सूचना मिलल, मवका पs भारी भीड़ जमा हो गइल। आग बुझवला के संगे लोग प्रशासन के सूचना दिहल। मवका पs फायर ब्रिगेड के गाड़ी पहुंचल आ कड़ा मशक्कत के बाद छव घंटा में आग पs काबू पावल गइल। एह भीषण आग से करोड़न के नुकसान होखल बतावल जा रहल बा। मवका पs एडीएम प्रशासन पीडी गुप्ता, एसपी साउथ अरुण कुमार सिंह, एसडीएम रोहित मौर्य पहुंच के हालात के जायजा लिहल लो।

कस्बा में गुलाब गुप्ता के बड़ कॉम्प्लेक्स इस्थित बा। एमे कस्बा के लगे करीब आधा दर्जन से बेसी लोगन के थोक आ फुटकर के दुकान इस्थित बा। कांप्लेक्स के तीसरका तल पs स्वयंवर मैरिज हाल इस्थित बा। सबेरे करीब 6:00 बजे कांप्लेक्स में इस्थित दुकानन से धुआं उठ रहल बा। लोग देखा आ तत्काल मवका पs पहुंच के आग बुझावे के प्रयास सुरू कs दिहल लो। तनिका देर में आग एतना विकराल रूप धारण कs लेलस कि हालात पs काबू पावल बहुते मुश्किल होत रहे।

मवका पs फायर ब्रिगेड के 2 गाड़ी पहुंचल आ आग पs काबू पावे के प्रयास तेज कs दिहल गइल बा। कुछ देर में फायर ब्रिगड के 4 गाड़ी आ पहुंचल तब जाके 6 घंटा बाद आग पs काबू पावल जा सकी। बतावल जात बा कि कस्बा के दीपचंद मद्धेशिया के कॉस्मेटिक आ जनरल स्टोर के करीब एक दर्जन से बेसी दुकान रहे जवन पूरा तरह जर के खाक हो गइल।

एह लोगन के भइल भारी नुकसान

उपेंद्र जायसवाल के चाय पत्ती के दुकान, संतोष तिवारी कपड़ा के, पिंटू मद्धेशिया रेडीमेड कपड़ा के थोक आ फुटकर विक्रेता। ओहिजा कांप्लेक्स के तीसरा तल पs अभय गुप्ता के स्वयंवर मैरिज हाल इस्थित रहे जवन पूरा तरे जरके खाक हो गइल बा। अनुमान लगावल जा रहल बा कि करीब करोड़ से बेसी के सामान जरके राख हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]