[the_ad_group id="30365"]

New Year 2025: नया साल के पहिलका दिन एह मंत्र आ विधि के साथ करीं भगवान गणेश के पूजा , सालभर रही बप्पा के कृपा

New Year 2025
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भगवान गणेश के पहिला पूज्य देवता मानल जाला। कवनो शुभ, मांगलिक भा नया काम शुरू करे से पहिले भगवान गणेश के पूजा निश्चित रूप से होला। अबकी साल 2025 बुध से शुरू हो रहल बा। बुध के दिन भगवान गणपति के समर्पित बा। अयीसना में नयका साल के पहिला दिन बप्पा के पूजा कईला से शुभ फल मिलेला। एतने ना, भगवान गणेश जी के आशीर्वाद साल भर आपके घर में बनल रही। तs आईं अब पता चल जाव कि नया साल के दिन गणपति बप्पा के कवना तरीका आ मंत्र से पूजा कइल जाव. 

नववर्ष के दिन एही विधि से भगवान गणेश के पूजा करीं

*नया साल के दिन सबेरे सबेरे उठ के नहा के साफ कपड़ा पहिन लीं। 

*एकरा बाद भगवान सूर्य के जल अर्पित करीं। 

*अब मंदिर भा पूजा कक्ष के साफ कs के गंगा जल छिड़क के शुद्ध करीं। 

*कवनो चौकी पs गणेश जी के मूर्ति भा तस्वीर लगा के ओकरा पs कुछ गंगा जल छिड़कीं। 

*अब बाप्पा के रोली, चंदन, दुर्वा आ फूल चढ़ाईं। 

*एकरा बाद भगवान गणेश जी के मूर्ति भा चित्र के सामने घी भा तेल के दीप आ धूप जरावल जाव. 

*भगवान गणेश के फल, लड्डू, मोदक चढ़ाईं। 

*पूजा के बाद पूरा परिवार के साथ भगवान गणेश की आरती करी.
*साथ ही भगवान गणेश के मंत्र आ स्तोत्र के पाठ करीं।

गणेश जी के मंत्र

१-वक्रतुण्ड महाकाय सूर्यकोटि समप्रभ। निर्विघ्नं कुरु मे देव सर्वकार्येषु सर्वदा॥

२-कदंताय विद्‍महे। वक्रतुण्डाय धीमहि। तन्नो दंती प्रचोदयात।।

३-गजाननाय विद्महे, वक्रतुण्डाय धीमहि, तन्नो दंती प्रचोदयात्। श्री वक्रतुण्ड महाकाय सूर्य कोटी समप्रभा निर्विघ्नं कुरु मे देव सर्व-कार्येशु सर्वदा॥

४-ओम गं गणपतये नमः

५-श्री गणेशाय नमः

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]